रुवान्डा में चल रहल आईसीसी महिला टी–२० चैलेंज ट्रॉफी में नेपाली राष्ट्रीय महिला क्रिकेट टीम शानदार प्रदर्शन जारी रखले बा।
बुध के भइल रोमांचक मुकाबला में घरेलू टीम रुवान्डा के २ विकेट से हरावत नेपाल लगातार दुसर जीत दर्ज कइलस।
रुवान्डा के दिहल ८९ रन के मामूली लक्ष्य के पीछा करत नेपाल खेल खत्म होखे से २ गेंद बाकी रहते ८ विकेट गँवाके जीत हासिल कइलस। नेपाल के जीत में ओपनर सम्झना खड्का के भूमिका बहुत अहम रहल। ऊ ४२ गेंद में ७ चौका लगावत सबसे ज्यादा ४८ रन के बेहतरीन पारी खेलली।
पहिला मैच में अमेरिका से हार झेले के बाद नेपाल बाद के मैचन में जोरदार वापसी कइले बा। दुसर मैच में इटली के ५० रन से हरावत नेपाल फेर से लय पकड़ लेले बा आ अब रुवान्डा के भी हरा दिहलस।
५ देश भाग ले रहल एह प्रतियोगिता में नेपाल अब शुक के भानुआटु से मुकाबला करी। तालिका अनुसार नेपाल एतवार के फेर अमेरिका से खेली, २८ अप्रैल के रुवान्डा, ३० अप्रैल के भानुआटु आ १ मई के इटली से अंतिम मैच खेली।

