वीरगंज । पर्सा पुलिस वीरगंज में चल रहल मदरसन पर अनुगमन आ चेकजाँच के काम तेज कर देले बा। पहिला चरण में वीरगंज महानगरपालिका–छपकैया क्षेत्र के चार गो मदरसन में बिर्ता वडा पुलिस कार्यालय के टोली जा के स्थलगत निरीक्षण कइले बा।
पुलिस निरीक्षक विक्रम सुवेदी के नेतृत्व में कइल गइल एह अनुगमन में मदरसन के प्रशासनिक स्थिति, दर्ता प्रक्रिया आ संचालन से जुड़ल कागजात के जांच कइल गइल। निरीक्षण के दौरान एक मदरसा बिना दर्ता के चलत मिलल, जे पर पुलिस ओह संस्थान के जल्द से जल्द कानूनी तरीका से दर्ता पूरा करे के निर्देश देले बा।
पुलिस के कहना बा कि हाल में सामने आ रहल कुछ गतिविधि के ध्यान में राखत अनुगमन के प्रक्रिया कड़ा कइल गइल बा। पर्सा पुलिस आ बिर्ता वडा पुलिस कार्यालय के संयुक्त टोली वीरगंज के अउरी मदरसन में भी लगातार निगरानी जारी राखे के बतवले बा।
पुलिस सब शैक्षिक संस्था से आग्रह कइले बा कि ऊ लोग कानून के मापदण्ड के भीतर रहे के साथे जरूरी कागजात अद्यावधिक राखे। साथे ही, कवनो संदिग्ध गतिविधि देखाई पड़ी त तुरन्त जानकारी देवे के अपील भी कइल गइल बा।

