काठमांडू । मनोहरा खोलाके किनारे बसल सुकुमवासी बस्ती के बाँचल घर-टहरा के सोमर बिहान से डोजर लगा के गिरावल जा रहल बा। बिहान करीब ७ बजे से फेर से भस्कावे के काम शुरू कइल गइल बा।
एतवार सबेरे से ही ई बस्ती हटावे के अभियान शुरू भइल रहल। ओह दौरान जादातर घर-टहरा हटावल जा चुकल रहे, बाकिर कुछ संरचना बाकी रह गइल रहे, एह चलते आज फेर से डोजर चलावल जा रहल बा।
अधिकार प्राप्त निकाय के कहना बा कि नदी किनारा पर भइल अतिक्रमण हटावे के अभियान के तहत ई बस्ती हटावल जा रहल बा।

