इरान के सर्वोच्च नेता मोज्तबा खामेनी देश के नागरिकन से आर्थिक आ सांस्कृतिक मोर्चा पर भी सक्रिय होखे के अपील कइले बाड़न। ऊ लिखित बयान जारी क के कहले बाड़न कि अब देश के ध्यान “आर्थिक लड़ाई” पर केन्द्रित करे के जरूरत बा।
आपन बयान में खामेनी कहले कि इरान सैन्य टकराव में दुनिया के सामने आपन “अद्वितीय ताकत” पहिले ही देखवा चुकल बा, अब ओही तरह के मजबूती आर्थिक आ सांस्कृतिक क्षेत्र में भी देखावे के जरूरी बा।
ऊ कहले, “इरान सैन्य टकराव में आपन ताकत साबित कर चुकल बा, अब आर्थिक आ सांस्कृतिक मोर्चा पर भी दुश्मनन के हरावे के पड़ी।”
खामेनी स्थानीय उत्पादन के बढ़ावा देवे, देशी सामान के उपयोग करे आ मजदूर वर्ग के समर्थन करे के अपील कइले बाड़न। साथे ही, आर्थिक संकट झेलत व्यवसायी लोग के मदद करे आ कर्मचारी के नौकरी से ना निकाले के सलाह भी देले बाड़न।
सर्वोच्च नेता बने के बाद भले ऊ सार्वजनिक रूप से कम देखाई देत बाड़न, बाकिर नियमित रूप से लिखित बयान के जरिए आपन विचार जनता तक पहुंचावत रहल बाड़न।

