• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

जेनजी आन्दोलन में क्षति पहुँचल नेपाली कांग्रेस केन्द्रीय कार्यालय के पुनर्निर्माण अब अन्तिम चरण में पहुँचल

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ बैशाख १९ गते
A A
जेनजी आन्दोलन में क्षति पहुँचल नेपाली कांग्रेस केन्द्रीय कार्यालय के पुनर्निर्माण अब अन्तिम चरण में पहुँचल

जेनजी आन्दोलन के दूसरा दिन (भादो २४ गते) आगजनी से क्षतिग्रस्त भइल नेपाली कांग्रेस केन्द्रीय कार्यालय के पुनर्निर्माण अब अन्तिम चरण में पहुँच गइल बा। आगलगी के बाद ध्वस्त भइल भवन के संरचना फेर से बनावल गइल बा आ रंगरोगन के काम भी पूरा हो चुकल बा। अब सिर्फ मुख्य प्रवेशद्वार (गेट) के निर्माण बाकी बा।
पार्टी स्रोत के मुताबिक, पुरान हस्तकला शैली के आधार पर नया मूल गेट बनावल जा रहल बा, ताकि पहिले जइसन स्वरूप फेर से देखाई दे सके।
पुनर्निर्माण के साथ-साथ कार्यालय के आन्तरिक व्यवस्थापन में भी बड़ा बदलाव कइल गइल बा। कर्मचारी लोग खातिर अण्डरग्राउण्ड में कार्यकक्ष बनावल गइल बा, जबकि नेतन के कार्यकक्ष फेर से बाँटल गइल बा।
पूर्व सभापति शेरबहादुर देउवा के प्रयोग कइल कमरा अब वर्तमान सभापति गगन थापा के कार्यकक्ष बन गइल बा। ओही तरह उपसभापति विश्वप्रकाश शर्मा आ महामन्त्री प्रदीप पौडेल भी आपन कार्यकक्ष बदले के व्यवस्था में बाड़न।
आठ सहमहामन्त्री में से छह जन के पहिले तलवा (फर्स्ट फ्लोर) में कार्यकक्ष दिहल गइल बा। केन्द्रीय समिति बैठक खातिर तेसर मंजिल पर नया संरचना बनावल जा रहल बा। पहिले वाला बैठक हल के बाद में २२५ से अधिका सीट वाला कार्यक्रम हल में बदले के योजना बा।
नेता डा. शेखर कोइराला खातिर तय कमरा अब डबली (कार्यक्रम स्थल) के रूप में बदलल जा रहल बा।
पुनर्निर्माण समिति के नेतृत्व नेता उमेश श्रेष्ठ कइले बाड़न। कार्यवाहक मुख्य सचिव कृष्णप्रसाद दुलाल के अनुसार अब करीब डेढ़ महीना में पूरा कार्यालय के संरचना पूर्ण रूप से सञ्चालन में आ जाई।
पार्टी कार्यालय के पुनर्निर्माण खातिर आर्थिक स्रोत पार्टी संरचना, कार्यकर्ता आ शुभेच्छुक लोग के सहयोग से जुटावल गइल बा।
एह नयका व्यवस्थापन में आइटी टिम के भी मजबूत बनावल गइल बा। वेबसाइट आ फेसबुक पेज के अपडेट सिस्टम सुधारल गइल बा आ सदन में कांग्रेस सांसदन के धारणा सोशल मिडिया पर प्रसारित करे के अभ्यास शुरू भइल बा।
आगजनी में पूरा तरह से नष्ट भइल पुस्तकालय के फेर से सञ्चालन करे के तैयारी भी चल रहल बा, जेकरे निर्माण में करीब ७० लाख रुपया खर्च भइल रहे।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............