वीरगंज । जिला प्रहरी कार्यालय बारा अदालत से सजा तय भइला के बाद फरार रहल 11 गो प्रतिवादी के गिरफ्तार क लेले बा।
प्रहरी के मुताबिक, अलग-अलग मामला में दोषी ठहरावल गइल आ लम्बा समय से फरार चल रहल लोगन के विशेष अभियान तहत बुध के दिन पकड़ल गइल। जिला प्रहरी कार्यालय बारा से निकलल टीम जिला के अलग-अलग जगह से सभे के पकड़ के नियंत्रण में लिहलस।
गिरफ्तार कइल गइल लोगन के जरूरी कानूनी प्रक्रिया पूरा क के बारा जिला अदालत में पेश कइल गइल बा। ई जानकारी निमित्त सूचना अधिकारी आ प्रहरी निरीक्षक सुरेशराज भट्ट प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से देले बाड़ें।
प्रहरी के अनुसार, गिरफ्तार लोग वन पैदावार नुकसान, चेक अनादर, लेनदेन विवाद, कुटपिट आ अंगभंग, साथे राजस्व चुहावट जइसन मामला में शामिल रहलें। प्रहरी बतवले बा कि फरार प्रतिवादी के खिलाफ अभियान आगे भी जारी रही।

