वीरगञ्ज महानगरपालि के संस्थागत आ निजी स्कूलन खातिर कड़ा निर्देश जारी कइले बा। महानगर के शैक्षिक प्रशासन महाशाखा साफ कहले बा कि सार्वजनिक बिदा के दिन स्कूल ना खोले के बा, स्कूल परिसर में कवनो तरह के व्यापारिक काम बंद कइल जाव आ विद्यार्थी लोग पर फालतू किताब के बोझ ना डलल जाव।
महाशाखा बतवले बा कि नेपाल सरकार पहिले से एतवार के सार्वजनिक बिदा घोषित कइले बा, एह से नया सूचना आवे तक सब स्कूलन में पढ़ाई-लिखाई पूरा तरह से बंद राखल जाव।
शैक्षिक प्रशासन महाशाखा प्रमुख आनन्द लामिछाने के कहनाम बा कि कुछ स्कूल बिदा के दिनो क्लास चला रहल बा, जेकरे सूचना मिलला के बाद अब अनुगमन (निगरानी) अउरी कड़ा कइल जाई। महानगर के अनुसार, बिदा के दिन स्कूल चलावल सरकार के फैसला के खिलाफ ह, साथे ही ई शैक्षिक अनुशासन आ कानून के उल्लंघन भी ह।
एहिजा तक कि कुछ निजी आ संस्थागत स्कूल आपन परिसर में किताब, ड्रेस आ स्टेशनरी बेचे के काम भी करत बा, जेकरे शिकायत मिलला के बाद प्रशासन सख्त हो गइल बा। महानगर कहले बा कि स्कूल के व्यापारिक केन्द्र बनावल ठीक नइखे, एह से अभिभावक लोग पर बेवजह आर्थिक बोझ पड़ रहल बा। एह तरह के काम तुरन्त बंद करे के आदेश दिहल गइल बा।
महाशाखा चेतावनी देले बा कि अगर स्कूल के भीतर से किताब, ड्रेस आ स्टेशनरी बिकत पकड़ा जाई, त कानून के तहत कड़ा कार्रवाई होई। अनुगमन के दौरान अइसन काम मिलला पर संबंधित स्कूल प्रबंधन पर कानूनी कार्रवाई शुरू कइल जाई।
एहिसे साथे, पाठ्यक्रम विकास केन्द्र से तय कइल गइल किताब से अधिक या अनावश्यक किताब विद्यार्थी पर थोपल जा रहल बा, एह पर भी महानगर गंभीर बा। ज्यादा किताब के बोझ से बच्चन के मानसिक आ शारीरिक विकास पर असर पड़ेला, एह से अइसन प्रवृत्ति रोके के अपील कइल गइल बा।
महानगर साफ कहले बा कि जरूरत से ज्यादा किताब लगाके अभिभावक पर आर्थिक बोझ बढ़ावल आ विद्यार्थी के तनाव में डालल कतई बर्दाश्त ना कइल जाई। शैक्षिक क्षेत्र के व्यवस्थित, मर्यादित आ विद्यार्थी–मैत्री बनावे खातिर उठावल गइल एह कदम के अभिभावक आ शिक्षा प्रेमी लोग सकारात्मक रूप से देख रहल बा।
अंत में महानगरपालिका कहलस कि “कानून के पालन करे सबके जिम्मेदारी ह।” एह से सब स्कूल प्रशासन से सरकार के निर्देश के पूरी तरह मानल जाए के अपील कइल गइल बा। अगर अबो बिदा के दिन स्कूल चलावल, स्कूल से किताब-ड्रेस बेचल या विद्यार्थी पर फालतू किताब के बोझ डालल दोहरावल गइल, त सख्त कार्रवाई होई।

