काठमाडौं उपत्यका में बारम्बार ट्राफिक नियम उल्लंघन करे वाला 31 गो चालक के सवारीचालक अनुमतिपत्र (लाइसेंस) 6 महीना खातिर निलंबन करे के सिफारिस कइल गइल बा।
काठमाडौँ उपत्यका ट्राफिक प्रहरी कार्यालय बतवले बा कि कुछ चालक 16 बेर तक ट्राफिक नियम तोड़ले पावल गइलन, जेकरे बाद एह लोग के लाइसेंस निलंबन खातिर यातायात व्यवस्था विभाग के पत्र भेजल गइल बा।
ट्राफिक प्रहरी के प्रवक्ता नवराज अधिकारी के अनुसार, बार-बार कारबाही भइला के बावजूद अटेर करत 16 बेर तक गलती दोहरावे वाला चालकन पर अब कड़ा कदम उठावल गइल बा।
सवारी तथा यातायात व्यवस्था ऐन, २०४९ के अनुसार, पांच बेर से ज्यादा ट्राफिक नियम उल्लंघन करे वाला चालक के लाइसेंस 6 महीना तक निलंबित कइल जा सकेला। एह कानूनी प्रावधान के आधार पर ट्राफिक प्रहरी ई प्रक्रिया आगे बढ़वले बा।
प्रहरी के कहना बा कि खाली जरिवाना लगावल से चालकन में सुधार नइखे आ रहल, एहसे अब लाइसेंस निलंबन जइसन कड़ा कार्रवाई जरूरी हो गइल बा।
लाइसेंस निलंबन भइला के बाद संबंधित चालक 6 महीना तक कवनो भी सवारी ना चला पइहें।
ट्राफिक प्रहरी के भरोसा बा कि एह कदम से काठमाडौं उपत्यका में सड़क दुर्घटना कम होई आ ट्राफिक नियम के पालन अउरी सख्ती से हो पाई।

