वीरगंज। माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) के नतीजा सार्वजनिक भइला के रातिए वीरगंज में एक किशोर के मृत अवस्था में मिलल बा। पुलिस के अनुसार नतीजा सोचल जइसन ना आवे से उत्पन्न निराशा के कारण पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका–५ के मूल निवासी आ हाल वीरगंज–११ श्रीपुर में रहे वाला १५ साल के शन्नी पटेल के मृत्यु भइल होखे के आशंका बा।
वीरगंज के पिपरा स्थित नृसिंह माध्यमिक विद्यालय में पढ़े वाला शन्नी पटेल सोमार के नतीजा आइला के बाद बहुत चिंतित आ तनाव में रहलें। पारिवारिक स्रोत के अनुसार सोमार राति करीब ११:३० बजे परिवार के लोग उनुका समझावे-बुझावे के कोशिश करत रहे।
परिवार के एक सदस्य भावुक होके बतवले, “हमनी सब समझावत रहीं, तबे ऊ अचानक कमरा में गइलें आ दरवाजा भीतर से बंद कर लिहलें। लोहा के दरवाजा होखे के कारण तुरंत खोलल ना जा सकल।”
घटना के जानकारी मिलते जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा के टोली घटनास्थल पर पहुँचल आ प्रारम्भिक मुचुल्का तैयार क के शव के पोस्टमार्टम खातिर वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल भेजल गइल। पुलिस घटना के बारे में आगे के जांच कर रहल बा।
नतिजा जीवन के अन्तिम मापदण्ड ना हवे : विज्ञ
एसईई नतीजा के बाद हर साल अइसन दुखद घटना के खबर आवत रहे ला। शिक्षाविद् आ मनोपरामर्शदाता लोग कहे ला कि परीक्षा के नतीजा के जीवन के सफलता या असफलता के अन्तिम पैमाना ना मानल जाए।
शिक्षक दीपक शाक्य कहले, “एगो परीक्षा से कवनो विद्यार्थी के पूरा क्षमता तय ना हो सकेला। अइसन समय में अभिभावक के चाहीं कि बच्चा पर दबाव ना बनावें आ उनकर भावना के समझें।”
सरकार द्वारा ‘एनजी’ (नन-ग्रेडेड) विद्यार्थी खातिर पूरक परीक्षा के व्यवस्था के संदर्भ में सरोकारवालन के अपील बा कि एगो मौका चूक जाई त जीवन के अंत समझ के गलत निर्णय ना लीं।

