• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

पर्सा में ४०.४७ प्रतिशत विद्यार्थी एसईई में पास

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ बैशाख ३० गते
A A
पर्सा में ४०.४७ प्रतिशत विद्यार्थी एसईई में पास

वीरगंज — पर्सा जिला में एह साल के माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) २०८२ के नतिजा उत्साहजनक देखाई दे रहल बा। शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाई, पर्सा से जारी प्रारंभिक आंकड़ा अनुसार, नियमिततर्फ से शामिल कुल ८,४१२ परीक्षार्थी में से ३,४०५ विद्यार्थी पास भइल बाड़ें। एह हिसाब से जिला के कुल पास प्रतिशत ४०.४७ रहल बा।
नतिजा अनुसार, सबसे बेहतरीन ‘ए प्लस’ ग्रेड पावे वाला विद्यार्थी के संख्या ४५९ बा। ओहिसे अलावा ९१२ विद्यार्थी ‘ए’ ग्रेड हासिल कइले बाड़ें, जबकि ३२४ विद्यार्थी ‘बी प्लस’ ग्रेड में सफल भइल बाड़ें।
एह तरह से ९५५ विद्यार्थी ‘बी’ ग्रेड में पास भइल बाड़ें। मध्यम स्तर के उपलब्धि में ७१७ विद्यार्थी ‘सी प्लस’ आ ३८ विद्यार्थी ‘सी’ ग्रेड हासिल कइले बाड़ें, शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाई, पर्सा जानकारी देले बा।
समन्वय इकाई के अनुसार, एह साल के नतिजा से साफ संकेत मिलत बा कि जिला के समग्र शैक्षिक स्थिति धीरे-धीरे सुधार के दिशा में बढ़ रहल बा। विद्यार्थी के मेहनत, शिक्षक लोग के समर्पण आ अभिभावक के सहयोग से नतिजा में सकारात्मक सुधार देखे के मिलल बा।
कार्यालय ई भी बतवले बा कि जे विद्यार्थी अपेक्षित नतिजा हासिल ना कर पवले बाड़ें, ओह लोग खातिर ग्रेड वृद्धि (ग्रेड सुधार) आ अन्य जरूरी प्रक्रिया के समन्वय कइल जा रहल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............