• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

बारा के एसईई नतिजा: आधा से अधिक विद्यार्थी ‘नन-ग्रेडेड’, खाली ४६ प्रतिशत सफल

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ बैशाख ३० गते
A A
बारा के एसईई नतिजा: आधा से अधिक विद्यार्थी ‘नन-ग्रेडेड’, खाली ४६ प्रतिशत सफल

राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड से जारी माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) २०८२ के रिजल्ट में बारा जिला के हालात कमजोर देखाइल बा। शिक्षा विकास आ समन्वय इकाई बारा के अनुसार, कुल ८,७५३ विद्यार्थी में से खाली ४६.५४ प्रतिशत (३,८९९ जना) पास भइल बाड़े, जबकि ५३.४५ प्रतिशत (४,६६४ जना) विद्यार्थी ‘नन-ग्रेडेड’ (एनजी) हो गइल बाड़े।
साधारण धार में ८,३७७ विद्यार्थी में से ४६.५४ प्रतिशत पास भइलें। एह में से खाली ५ विद्यार्थी ४.० जीपीए हासिल कइले बाड़े, जबकि ४,४७८ विद्यार्थी के रिजल्ट एनजी आइल बा।
प्राविधिक धार में हालत थोड़ा बेहतर रहल, जहाँ ३७६ विद्यार्थी में से ५०.२६ प्रतिशत (१८९ जना) पास भइलें।
पालिका के हिसाब से देखल जाव त, कलैया उपमहानगरपालिका ६०.४३ प्रतिशत आ जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका ५६.२५ प्रतिशत रिजल्ट देके बेहतर प्रदर्शन कइले बा।
बाकी, निजगढ नगरपालिका में ४०.०६ प्रतिशत, कोल्हवी में ३३ प्रतिशत आ पचरौता नगरपालिका में ३०.७६ प्रतिशत विद्यार्थी पास भइलें।
सबसे खराब हालत विश्रामपुर गाउँपालिका के रहल, जहाँ १३८ विद्यार्थी में से खाली १८.८४ प्रतिशत (२६ जना) पास हो पवले बाड़े।
ग्रेड के हिसाब से ३.६ से ४ जीपीए लावे वाला २९४ विद्यार्थी, ३.२ से ३.६ लावे वाला १,००४ विद्यार्थी आ २.८ से ३.२ लावे वाला १,४२८ विद्यार्थी रहलें।
रिजल्ट जारी होतहीं, बहुत संख्या में एनजी आइल विद्यार्थी खातिर बोर्ड साउन १ गते से पूरक परीक्षा लेवे के तैयारी करत बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............