काठमांडू। नेपाल सरकार भारतीय विदेश मंत्री डॉ. एस. जयशंकर के नेपाल घुमे खातिर आधिकारिक निमंत्रण दिहले बा, ई जानकारी भारत के विदेश मंत्रालय देले बा।
मंगल के भइल साप्ताहिक मीडिया ब्रिफिंग में भारत के विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जैसवाल बतवलें कि मौरिसस में नेपाल के परराष्ट्र मंत्री शिशिर खनाल संगे भइल मुलाकात के दौरान जयशंकर के नेपाल आवे के निमंत्रण दिहल गइल रहे।
उनकर कहना रहल, “हमनी के विदेश मंत्री आ नेपाल के विदेश मंत्री के बीच बातचीत भइल रहे। मौरिसस में भेंट के दौरान नेपाल तरफ से निमंत्रण मिलल बा।”
हालांकि, एह दौरा के तारीख अभी तय नइखे भइल। जैसवाल के अनुसार, नेपाल आ भारत दूनों देश के आपसी समझदारी से यात्रा के समय निर्धारित होई।
मीडिया ब्रिफिंग में जब भारतीय विदेश सचिव के नेपाल यात्रा टल जाए के कारण पूछल गइल, त प्रवक्ता कहलें कि नेपाल-भारत के संबंध बहुत व्यापक आ ऐतिहासिक बा।
उ कहले कि नेपाल में चुनाव के बाद नया सरकार बन चुकल बा आ भारत के प्रधानमंत्री नेपाली प्रधानमंत्री से बातचीत कर चुकल बाड़ें। दूनों देश आपसी संबंध के आउर मजबूत करे खातिर प्रतिबद्ध बाड़ें, जे पारिवारिक आ ऐतिहासिक आधार पर टिकल बा।

