• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

प्राविधिक समस्या से राष्ट्रीय परिचय पत्र सेवा ठप, देशभर के सेवाग्राही परेशान

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ बैशाख ३० गते
A A
प्राविधिक समस्या से राष्ट्रीय परिचय पत्र सेवा ठप, देशभर के सेवाग्राही परेशान

वीरगञ्ज। गृह मन्त्रालय के तहत काम करे वाला राष्ट्रिय परिचयपत्र तथा पञ्जीकरण विभाग बतवले बा कि राष्ट्रिय परिचयपत्र से जुड़ल सेवा अबहियो सुचारु नइखे हो पावल।
विभाग द्वारा जारी सूचना के अनुसार, बितल वैशाख २१ गते से राष्ट्रिय परिचय व्यवस्थापन सूचना प्रणाली (NIDMIS) में आइल तकनीकी समस्या अभी तक ठीक नइखे भइल।
विभाग के कहना बा कि सिस्टम में गड़बड़ी के चलते नया इनरोलमेन्ट के समय मिलेला राष्ट्रिय परिचय नम्बर (NIN) के सिस्टम प्रमाणीकरण (भेरिफाई) नइखे कर पावत। एह कारण राष्ट्रिय परिचयपत्र से जुड़ल सेवा प्रभावित भइल बा।
एहसे पहिले वैशाख २३ गते ही सेवा बाधित भइल रहे, ई जानकारी देहल गइल रहे, बाकिर मरम्मत आ तकनीकी सुधार के काम जारी रहल से सेवा कब पूरी तरह से शुरू होई, एह बारे में अभी तक साफ जानकारी नइखे मिलल।
तकनीकी समस्या के कारण देशभर के ७७ वट जिला प्रशासन कार्यालय, इलाका प्रशासन कार्यालय आ नारायणहिटी दरबार संग्रहालय परिसर में रहल परिचयपत्र इकाई से देवे वाला सेवा सभ प्रभावित भइल बा।
विभाग कहले बा कि जइसे ही सेवा दोबारा सुचारु होई, त नया सूचना जारी कइल जाई।
राहदानी (पासपोर्ट) बनावे आ दोसरा सरकारी सेवा खातिर राष्ट्रिय परिचयपत्र जरूरी बनावल गइल बा, एह कारण सेवा लंबा समय तक बंद रहल से देशभर के सेवाग्राही लोग के बहुत परेशानी हो रहल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............