• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

प्रतिनिधि सभा के बैठक आज फेरु बैठत बा

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ बैशाख ३१ गते
A A
प्रतिनिधि सभा के बैठक आज फेरु बैठत बा

काठमांडू। प्रतिनिधि सभा के बैठक आज फेरु बइठत बा। बुध के तीन बेर बइठ के स्थगित भइल बैठक आजु सबेरे ११ बजे खातिर बोलावल गइल बा।
बैठक में सरकार के नीति आ कार्यक्रम प चर्चा होखे के कार्यसूची बा, आ ओकरा बाद प्रधानमंत्री बालेन्द्र शाह नीति आ कार्यक्रम पर सांसद लोग के उठावल सवालन के जवाब दीहन, एह बात के संसद सचिवालय संभावित कार्यसूची में जनवले बा।
प्रधानमंत्री बालेन्द्र शाह संसद प्रति जिम्मेदार ना बने के चलते प्रतिनिधि सभा के बैठक प्रभावित भइल बा। नीति आ कार्यक्रम पर सांसद लोग सवाल उठवले रहे, बाकिर जवाब देवे वाला दिनो प्रधानमंत्री संसद में मौजूद ना रहलन, जेकरे चलते विपक्षी दल नाराबाजी कइलन।
बतावल जा रहल बा कि जब राष्ट्रपति रामचन्द्र पौडेल सरकार के नीति आ कार्यक्रम पढ़त रहलन, ओही दौरान प्रधानमंत्री बैठक छोड़ के चल गइले, जेकर जोरदार आलोचना हो रहल बा।
एह हालत में बुध के पारित होखे वाला नीति आ कार्यक्रमो प्रभावित भइल। संसद के योजना रहल कि बाकी बचल चर्चा पूरा क के बुधे फैसला लेल जाई, बाकिर एहमें बाधा आ गइल।
बैठक में खाली शून्य समय (Zero Hour) ही कार्यसूची मुताबिक चल पवल। सभामुख डीपी अर्याल जब अर्थमंत्री स्वर्णिम वाग्ले के नीति आ कार्यक्रम पर चर्चा शुरू करे के प्रस्ताव रखे खातिर समय दिहलन, त विपक्षी सांसद उठ के नाराबाजी करे लागलन।
प्रधानमंत्री के अनुपस्थिति के मुद्दा विपक्षी दल खातिर मुख्य एजेन्डा बन गइल आ बैठक के अवरोध कइल गइल। विपक्षी दल प्रधानमंत्री के इस्तीफा के माँग भी कइलन।
मुख्य विपक्षी नेपाली कांग्रेस पहिले ही आकस्मिक समय लेके, चाहे रूलिंग कराके, प्रधानमंत्री के संसद में उपस्थित करावे के माँग कइले रहुवे।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............