काठमांडू। काठमांडू उपत्यका में सड़क अनुशासन बनावे खातिर ट्राफिक पुलिस जबरदस्त अभियान चलवलस, जेकरे चलते पिछला 24 घंटा में कुल 2,365 गो सवारी चालक के कार्रवाई में लियाइल गइल बा। काठमांडू उपत्यका ट्राफिक प्रहरी कार्यालय के मुताबिक, एह कार्रवाई से सरकार के कोष में 21 लाख 77 हजार 504 रुपइया राजस्व जमा भइल बा।
ताजा आंकड़ा से साफ पता चलत बा कि अबहियो बहुते लोग ट्राफिक नियम के पालन नइखे करत। सभसे जादा 1,121 गो चालक “अन्य नियम उल्लंघन” में धराइल बाड़े। एही बीच, नियम के खिलाफ राइड शेयरिंग करे वाला चालक लोग परो ट्राफिक के नजर कड़ा हो गइल बा—एह 24 घंटा में 258 गो राइडर पर कार्रवाई भइल बा।
सड़क दुर्घटना के मुख्य कारण मानल जाए वाला मादक पदार्थ पीके गाड़ी चलावे (मापसे) में 88 गो चालक के पुलिस पकड़लस। एही तरह तेज रफ्तार से गाड़ी चलावे वाला 174 गो, आ ट्राफिक लाइट तोड़े वाला 156 गो चालक परो कार्रवाई भइल बा।
ट्राफिक अनुशासन बनावे खातिर निषेधित इलाका में हॉर्न बजावे वाला 128 गो, सड़क किनारे (फुटपाथ) पर गाड़ी पार्क करे वाला 124 गो, आ वन-वे सड़क पर उल्टा चले वाला 163 गो चालक के जरिवाना लगावल गइल बा।
एह के अलावा, लेन अनुशासन ना माने वाला 123 गो चालक परो कार्रवाई भइल बा। ट्राफिक पुलिस कहले बा कि शहर में व्यवस्था मजबूत करे आ दुर्घटना घटावे खातिर आगे अउरी कड़ा कदम उठावल जाई।

