सर्लाही के हरिवन में आजु सबेरे एक दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल बा। उदयपुर के गाईघाट से काठमाडौँ जाए खातिर निकलल बा.प्र.–०१–००६ ख ९६७० नम्बर के यात्रुवाहक बस हरिवन नगरपालिका–११ स्थित कडरिया चोक में पैदल चलत आदमी के ठोकर मार देलक।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक सरोज राई बतवले कि दुर्घटना में घयल पुरुष के घटनास्थल परे मौत हो गइल। अबही तक मृतक के नाम, पहचान आ ठिकाना साफ नइखे भइल।
इलाका प्रहरी कार्यालय कर्मैया घटना के मुचुल्का तयार क के आगे के अनुसन्धान शुरू कर देले बा। ठक्कर मारल बस आ ओकर चालक के पुलिस नियन्त्रण में ले लेले बा।

