काठमांडू । रूस आ यूक्रेन के बीच चल रहल युद्ध अब अउरी तेज हो गइल बा। यूक्रेन द्वारा एतवार के रात रूस के राजधानी मस्को पर एक साल में सबसे बड़ा ड्रोन हमला कइल गइल।
रूसी अधिकारी लोग के अनुसार एह भीषण हमले में कम से कम ३ लोग के मौत हो गइल बा, जेमें एक भारतीय नागरिक भी शामिल बा। रूस के सरकारी समाचार संस्था तास के मुताबिक ई पछिला १२ महीना में मस्को पर भइल सबसे घातक हवाई हमला मानल जा रहल बा।
मस्को स्थित भारतीय दूतावास पुष्टि कइले बा कि एह घटना में एक भारतीय नागरिक के मृत्यु भइल बा आ तीन अन्य लोग गंभीर रूप से घायल बाड़ें। दूतावास घाइते के इलाज आ जरूरी कानूनी प्रक्रिया में समन्वय कर रहल बा।
रिपोर्ट अनुसार एह हमले के जिम्मेदारी यूक्रेन भी स्वीकार कइले बा। यूक्रेन के राष्ट्रपति भ्लोदोमिर जेलेन्स्की कहलें कि मस्को पर कइल गइल ई हमला जायज आ जरूरी प्रतिक्रिया बा, काहे कि रूस लगातार युक्रेन के शहर आ आम नागरिक पर हमला कर रहल बा।
हाल में रूस द्वारा किएव पर कइल गइल भारी ड्रोन आ मिसाइल हमले में २४ आम लोग के मौत भइल रहे, जवन के जवाब में यूक्रेन द्वारा ई कदम उठावल गइल बतावल जा रहल बा।

