• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

वीरगञ्ज के नेशनल मेडिकल कॉलेज के मिलल अंतर्राष्ट्रीय स्तर के ‘आईएसओ’ प्रमाणीकरण

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ जेष्ठ ४ गते
A A
वीरगञ्ज के नेशनल मेडिकल कॉलेज के मिलल अंतर्राष्ट्रीय स्तर के ‘आईएसओ’ प्रमाणीकरण

वीरगंज–१५ में स्थित नेशनल मेडिकल कॉलेज आ शिक्षण अस्पताल के अंतर्राष्ट्रीय स्तर के ‘आईएसओ-9001:2015’ क्वालिटी मैनेजमेंट सिस्टम (QMS) प्रमाणीकरण मिल गइल बा।
अस्पताल के मैनेजमेंट सिस्टम, कामकाज के तरीका आ सेवा प्रवाह के बिस्तार से मूल्यांकन के बाद ई अंतर्राष्ट्रीय मान्यता दिहल गइल बा। अस्पताल के अनुसार ई प्रमाणीकरण के भीतर चिकित्सा सेवा, क्लिनिकल ट्रेनिंग, शिक्षण अस्पताल सेवा, डायग्नोस्टिक आ लैब सेवा, रेडियोलॉजी, फार्मेसी, इमरजेंसी सेवा, ब्लड बैंक आ अउरी सहायक सेवाएं शामिल बा।
ई उपलब्धि से संस्थान के गुणवत्ता सुनिश्चित करे के प्रतिबद्धता आ मानकीकृत सेवा प्रणाली के पुष्टि होखत बा। अस्पताल प्रशासन के विश्वास बा कि एहसे सेवाग्राही के संतुष्टि बढ़ी आ प्रक्रिया आधारित सेवा अउरी मजबूत होई।
नेशनल मेडिकल कॉलेज के मैनेजमेंट कहले बा कि ई प्रमाणीकरण अंतर्राष्ट्रीय स्तर के गुणवत्ता मानक बनावे, मरीज के बेहतर सेवा देवे आ मेडिकल शिक्षा के स्तर सुधार में मदद करी।
प्रबंध निदेशक सहनवाज अंसारी कहले कि आईएसओ-9001:2015 मिलल खाली उपलब्धि ना, बल्कि लगातार बेहतर सेवा देवे के जिम्मेदारी भी बा। उ कहले,
“हमनी के उद्देश्य बा कि मरीज के सुरक्षित, व्यवस्थित आ सम्मानजनक स्वास्थ्य सेवा मिले। ई प्रमाणीकरण हमनी खातिर गर्व के साथ-साथ जिम्मेदारी भी ह।”

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............