वीरगञ्ज। ‘राष्ट्र, राष्ट्रियता, धर्म, संस्कृति आ नागरिक बचाउ महाअभियान नेपाल’ के संयोजक दुर्गा प्रसाईं के सोमार के रात वीरगञ्ज से गिरफ्तार कइल गइल। पर्सा पुलिस के विशेष टीम उहाँके वीरगञ्ज स्थित ‘होटेल सिद्धार्थ दियालो’ से, जहाँ ऊ रात में ठहरल रहलें, ओही जगह से नियन्त्रण में लिहलस।
जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा के अनुसार, सामाजिक सञ्जाल पर जथाभावी बयान देवे, सामाजिक सद्भाव बिगाड़े आ नागरिक के राज्य के खिलाफ उकसावे जइसन गतिविधि में संलग्न रहे के शिकायत आ सूचना के आधार पर उहाँसे पूछताछ खातिर नियन्त्रण में लिहल गइल बा।
सोमार दुपहर वीरगञ्ज पहुँचल प्रसाईं के सिमरा हवाई अड्डा पर उनका समर्थक लोग फूल-माला आ नारा लगाके भव्य स्वागत कइलस। उनका आवे के बाद शहर के कई इलाका में समर्थक लोग के भीड़ बढ़ गइल रहे, जेकर चलते प्रशासन आ सुरक्षा निकाय चौकन्ना हो गइल आ मुख्य जगह पर निगरानी बढ़ा दिहलस।
रात में होटल में समर्थक आ स्थानीय लोग से भेटघाट आ आन्तरिक बैठक करत घरी पुलिस होटल पहुँच के उहाँके नियन्त्रण में ले लिहलस। पुलिस गिरफ्तारी पुर्जी त थमा दिहलस, बाकिर कवन खास मुद्दा में पकड़ल गइल बा, एह बारे में साफ जानकारी नइखे दिहल गइल। बाद में डीएसपी हरिबहादुर बस्नेत बतवलें कि सामान्य सोधपुछ खातिर नियन्त्रण में लिहल गइल बा।
निर्धारित कार्यक्रम अनुसार, प्रसाईं मंगर दुपहर गहवामाई मन्दिर में विशेष पूजा करे वाला रहलें। होटल से समर्थक लोग के साथ पैदल यात्रा करके मन्दिर जाए के योजना रहे, बाकिर गिरफ्तारी के चलते ई कार्यक्रम प्रभावित हो गइल।
हाल के समय में व्यवस्था विरोध आ वित्तीय संस्था के खिलाफ आक्रामक रुख अपनावे वाला प्रसाईं के गिरफ्तारी से उनका समर्थक लोग नाराज हो गइल बा। होटल परिसर आ जिला प्रहरी कार्यालय आसपास जुटल समर्थक लोग सरकार पर राजनीतिक बदला लेवे के आरोप लगावत प्रधानमंत्री बालेन्द्र (बालेन) शाह के खिलाफ जोरदार नारा लगवलस। स्थिति के देखते वीरगञ्ज में सुरक्षा व्यवस्था अउरी कड़ा क दिहल गइल बा।

