अमेरिका। अमेरिका के क्यालिफोर्निया राज्य के सान डिएगो शहर में एगो मस्जिद में अंधाधुंध गोली चलावे के घटना में तीन जने के दुखद मौत हो गइल बा। ई घटना सान डिएगो काउंटी के सबसे बड़ा धार्मिक स्थल मानल जाए वाला क्लेरमोन्ट इलाका में स्थित ‘इस्लामिक सेंटर ऑफ सान डिएगो’ में भइल।
घटना में शामिल रहे के आशंका में पुलिस के खोजी सूची में रहल दू किशोर मस्जिद के नजदीक एगो कार में मृत हालत में मिलल बाड़ें। सान डिएगो के पुलिस प्रमुख स्कट वाह्ल के अनुसार, शुरुआती प्रमाण से ई हमला सोचे-समझे कइल गइल आ मुस्लिम समुदाय के निशाना बनाके कइल गइल ‘हेट क्राइम’ (घृणा से प्रेरित अपराध) लागता। एह मामला में संघीय एजेन्सी सभ के मदद से गहराई से जांच चल रहल बा।
ई पूरा घटना के सुरुआत तब भइल जब एगो माई पुलिस में शिकायत दर्ज करवलस कि उनकर बेटा अचानक लापता हो गइल बा आ घर में राखल कुछ खतरनाक हथियार आ परिवार के कार भी गायब बा। पुलिस खोज शुरू करे से पहिले ही मस्जिद में गोलीबारी के खबर आ गइल।
बतावल जा रहल बा कि हथियार से लैस किशोर मस्जिद में घुस के प्रार्थना करत लोग पर अंधाधुंध गोली चलावे लगल। एह दौरान मस्जिद के सुरक्षाकर्मी बहादुरी देखावत हमलावर के रोकेला कोशिश कइलें, बाकिर ओहमें उनकर जान चल गइल। पुलिस प्रमुख के मुताबिक, उनकर साहस से मस्जिद में मौजूद सैकड़ों लोग के जान बच गइल।
घटना के बाद हमलावर तेजी से कार में भागे लगलें, बाकिर पुलिस नाकाबंदी क के पीछा कइलस। कुछ दूर पर ओही कार में दूनो किशोर मृत मिललें। पुलिस के अनुमान बा कि गिरफ्तारी से बचे खातिर ऊ लोग चलते कार में खुदे के गोली मार लिहल हो सकेला।
हाल के समय में अमेरिका में धार्मिक अल्पसंख्यक आ आप्रवासी लोग के निशाना बनाके होखे वाला गोलीबारी आ नश्लीय हमला के घटना बढ़त देख के स्थानीय मुस्लिम समुदाय में डर आ गुस्सा के माहौल बन गइल बा।

