बारा । सरकार जब सार्वजनिक, पर्ती, ऐलानी आ वन क्षेत्र पर बसल बस्ती पर चरणबद्ध तरीका से डोजर चलावे लागल, त बारा जिला के भूमिहीन आ अव्यवस्थित बसोबासी लोग आन्दोलित हो गइल बा। जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के करीब १० गो वाडा में रहत सुकुम्बासी लोग एह कदम के खिलाफ संगठित आन्दोलन करे के चेतावनी दिहले बा।
बुध के दिन जीतपुरसिमरा के जनप्रतिनिधि, स्थानीय अगुवा आ विभिन्न संघ–संस्था के प्रतिनिधि लोग सिमरा स्थित डिभिजन वन कार्यालय पहुँच के सात बिन्दु वाला ज्ञापन पत्र जमा कइलन। कुछ दिन पहिले वन कार्यालय द्वारा जीतपुरसिमरा–२२ के तीन नम्बर पुल इलाका में डोजर चला के बस्ती हटावल गइल रहे, आ दोसरा जगह पर भी बस्ती हटावे के सूचना जारी भइला से स्थानीय लोग डेराइल आ तनाव में बा।
वन कार्यालय अभी जीतपुरसिमरा के वाडा नम्बर १ के दुधौरा खोला इलाका आ पथलैया के पूर्व टोला में कुछ बस्ती हटावे के तैयारी में बा।
भूमिहीन लोग के कहना बा कि वन कार्यालय जनता के डरावे के काम करत बा, जबकि ऊ लोग शांति से जिए के माहौल चाहत बा। अगर बस्ती हटावल जरूरी बा, त पहिले स्पष्ट कारण आ वैकल्पिक पुनर्वास के ठोस योजना देवे के मांग कइल गइल बा। ज्ञापन पत्र में ई भी कहल गइल बा कि बरिसों से कर देवे वाला, मतदाता बनल आ नागरिकता पवले लोग के “अतिक्रमणकारी” कह के धमकावल अमानवीय आ संविधान के भावना के खिलाफ बा।
जीतपुरसिमरा के पथलैया (वाडा १), टाँगीया बस्ती (वाडा १६), पिलुवा–महेन्द्रनगर इलाका, चकरी (वाडा २२) आ खयरघारी (वाडा १४) जइसन कई इलाका में अबहियो लालपूर्जा (जमीन के कागज) नइखे। स्थानीय अगुवा लोग के कहना बा कि पहिले खुद सरकारी निकाय द्वारा वन क्षेत्र में बस्ती बसावल गइल रहे, एसे बिना विकल्प दिहले जबरदस्ती हटावल ठीक ना होई।
टाँगीया बस्ती के सुकुम्बासी नेता रमेश सापकोटा चेतावनी दिहले बाड़े कि अगर सरकार सब बस्ती के एके नजर से देख के बल प्रयोग करी, त बड़ा विद्रोह हो सकेला।
भूमिहीन लोग राष्ट्रीय भूमि आयोग के माध्यम से असली सुकुम्बासी के पहचान क के कानूनी मालिकाना हक देवे, मानव अधिकार आ सामाजिक न्याय के आधार पर वार्ता से दीर्घकालीन समाधान खोजे जइसन ७ बिन्दु के मांग राखले बा।
अगर मांग जल्द पूरा ना भइल, त ऊ लोग तीन चरण में आन्दोलन करी—
पहिला चरण: जनसभा, हस्ताक्षर अभियान आ धरना
दूसरा चरण: वन कार्यालय घेराव आ प्रदर्शन
तीसरा चरण: पालिका आ प्रशासनिक कार्यालय घेराव
एह दौरान अगर राज्य द्वारा बल प्रयोग भइल, त सुकुम्बासी लोग त्रिभुवन राजमार्ग आ महेन्द्र राजमार्ग अनिश्चितकाल खातिर जाम करे के चेतावनी भी दिहले बा।
उधर, डिभिजन वन कार्यालय बारा के प्रमुख सुजित कुमार झा कहले बाड़े कि सब वन क्षेत्र से जुड़ल बस्ती हटावे के कवनो योजना नइखे। उनका अनुसार, सिर्फ पथलैया के पूर्व टोला आ दुधौरा खोला किनारा के कुछ बस्ती, जवन पहिले से सूचना में बा, उहे हटावे के प्रक्रिया में बा।

