काठमांडू । नेपाल सरकार, सूचना तथा सञ्चार मन्त्रालय सार्वजनिक सेवा प्रसारण संस्था के रिक्त अध्यक्ष पद भरल जाए खातिर नया नियुक्ति प्रक्रिया शुरू कइले बा। सरकारी संचार माध्यमन के प्रतिस्पर्धी, पेशेवर आ जनउत्तरदायी बनावे के लक्ष्य राखत मंत्रालय एह बेर खुला प्रतिस्पर्धात्मक प्रणाली से योग्य उम्मीदवार चयन करे के प्रक्रिया आगे बढ़वले बा।
मंत्रालय द्वारा जारी आधिकारिक सूचना अनुसार, निर्धारित शैक्षिक योग्यता आ सम्बन्धित क्षेत्र में काम के अनुभव राखे वाला इच्छुक नेपाली नागरिक लोग २०८३ जेठ १८ गते सोमबार तक मंत्रालय में आपन कार्ययोजना सहित आवेदन दे सकेला।
राजनीतिक नियुक्ति के कारण सार्वजनिक संचार माध्यम के साख कमजोर भइला के आलोचना बीच मंत्रालय एह बेर खुला प्रतिस्पर्धा के रास्ता चुनले बा। अध्यक्ष पद खातिर जरूरी शैक्षिक योग्यता, कार्य अनुभव, चयन के विस्तृत मापदण्ड, कार्यक्षेत्र (टीओआर) आ आवेदन फाराम मंत्रालय के आधिकारिक वेबसाइट (www.mocit.gov.np�) पर उपलब्ध करावल गइल बा।
मंत्रालय के अनुसार, ऊ एक उच्चस्तरीय छनोट समिति बनाई जवन आवेदन के मूल्यांकन, पेशेवर कार्ययोजना के प्रस्तुति आ इंटरव्यू के आधार पर योग्य उम्मीदवार के नाम मन्त्रिपरिषद् में सिफारिश करी।

