वीरगंज, पर्सा । सरकार द्वारा खर्च कटौती के नाम पर सरकारी सूचना आ विज्ञापन केवल राज्य-नियन्त्रित सञ्चारमाध्यमन तक सीमित करे के निर्णय के खिलाफ नेपाल पत्रकार महासंघ देशव्यापी दबाव अभियान शुरू कइले बा। एह अभियान के तहत नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा पर्सा में सप्ताहव्यापी हस्ताक्षर संकलन अभियान शुरू कइलस।
वीरगंज के मुर्ली बगैचा स्थित पत्रकार महासंघ भवन में शुरू भइल एह अभियान में जिला भर के विभिन्न सञ्चारमाध्यम से जुड़ल पत्रकार लोग हस्ताक्षर क के सरकार के निर्णय के विरोध दर्ज कइल।
सहभागी पत्रकार लोग के कहना बा कि एह निर्णय से निजी आ स्वतंत्र सञ्चारमाध्यम कमजोर हो जाई, प्रेस स्वतंत्रता पर असर पड़ी आ सञ्चार क्षेत्र में असमानता पैदा होई। ऊ लोग के अनुसार लोकतांत्रिक व्यवस्था में स्वतंत्र प्रेस के भूमिका बहुत महत्वपूर्ण बा, एसे सञ्चारमाध्यम के बीच भेदभाव करे वाला नीति स्वीकार्य ना हो सके।
पत्रकार लोग सरकार से मांग कइले बा कि सरकारी विज्ञापन वितरण संबंधी एह निर्णय के तुरंत वापस लेहल जाव। महासंघ के कहना बा कि प्रेस आ अभिव्यक्ति स्वतंत्रता पर हो रहल संकुचन के खिलाफ पत्रकार, सञ्चारकर्मी आ आम नागरिक लोग के एकजुट होके आवाज उठावे के जरूरत बा।
ओमप्रकाश खनाल के अध्यक्षता में भइल उद्घाटन कार्यक्रम में श्याम बन्जारा, अनुप तिवारी, निरज पिठाकोटे मगर लगायत पत्रकार लोग मौजूद रहल। महासंघ के अनुसार ई हस्ताक्षर अभियान कुछ दिन तक जारी रही आ संकलित हस्ताक्षर सरकार के समक्ष प्रस्तुत कइल जाई।

