• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

वीरगंज के सिद्धार्थ स्कूल में कक्षा चलत घरी छत के पंखा गिरला से दु विद्यार्थी घायल

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ जेष्ठ ७ गते
A A
वीरगंज के सिद्धार्थ स्कूल में कक्षा चलत घरी छत के पंखा गिरला से दु विद्यार्थी घायल

वीरगंज महानगरपालिका–पिपरा स्थित सिद्धार्थ माध्यमिक विद्यालय में चलत कक्षा के दौरान छत में लगल पंखा अचानक टूट के नीचे गिर गइल, जेकरे चलते दुई विद्यार्थी घायल हो गइलें।
बिहानी सिफ्ट में कक्षा ७ में पढ़त अमन पण्डित आ आर्यन पटेल घायल भइलें। साथे एक अउरी विद्यार्थी के भी सामान्य चोट लागल बा। घटना के जानकारी प्रधानाध्यापक विनोद मेहता दिहले।
लगभग ६:३९ बजे अचानक पंखा कक्षा में गिर गइल आ डेस्क से टकरा गइल, जेकरे बाद कक्षा में अफरा-तफरी मच गइल। शिक्षक मौजूद रहलें, एह से तुरन्त घाइतन के उद्धार क के प्राथमिक उपचार खातिर नारायणी अस्पताल ले जाइल गइल।
अमन पण्डित के काँध आ माथा के आसपास चोट लागल बा, जबकि आर्यन पटेल के गाल आ ओठ में चोट बतावल गइल बा। अन्य विद्यार्थी के हल्का चोट आइल बा। उपचार के बाद सब विद्यार्थी के हालत खतरा मुक्त बतावल गइल बा।
विद्यालय प्रशासन के कहना बा कि गर्मी शुरू होखला के बाद पंखा आ वायरिंग के जाँच भइल रहे, बाकिर पुरान उपकरण के कारण ई दुर्घटना भइल हो सकेला। घटना के बाद सभी कक्षाओं के पंखा के फेर से जाँच आ मजबूती के प्रक्रिया शुरू कर दिहल गइल बा।
एह घटना के बाद अभिभावक लोग स्कूल में सुरक्षा व्यवस्था आ विद्युत् प्रणाली के नियमित जाँच के मांग कइले बा। ऊ लोग कहत बा कि वीरगंज महानगरपालिका के भी एह मामला में गंभीरता से ध्यान देवे के जरूरत बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............