• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

मधेश प्रदेश सरकार के मंत्रिपरिषद के पुनर्गठन, महत्वपूर्ण मंत्रालय अब मुख्यमन्त्री यादव के पास

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ जेष्ठ ८ गते
A A
मधेश प्रदेश सरकार के मंत्रिपरिषद के पुनर्गठन, महत्वपूर्ण मंत्रालय अब मुख्यमन्त्री यादव के पास

जनकपुरधाम । मधेश प्रदेश के सत्ता समीकरण आ आन्तरिक शक्ति संतुलन में भइल बदलाव के बाद मंत्रिपरिषद के व्यापक पुनर्गठन आ कार्यविभाजन कइल गइल बा। मुख्यमन्त्री कृष्केणप्रसाद यादव विशेष सिफारिस पर प्रदेश प्रमुख सुरेन्द्र लाल कर्ण संविधान के धारा १६८ के उपधारा (९) के अनुसार मंत्रिपरिषद के फेर से गठन कइले बाड़ें।
पुनर्गठन के बाद मुख्यमन्त्री यादव सरकार के सबसे ताकतवर आ नीतिगत रूप से महत्वपूर्ण मानल जाए वाला विकास आ आर्थिक मंत्रालय अपने पास रखले बाड़ें।
प्रदेश प्रमुख के कार्यालय से जारी बयान के मुताबिक, नया कार्यविभाजन के बाद मुख्यमन्त्री यादव अर्थ मंत्रालय, भौतिक पूर्वाधार विकास मंत्रालय, शिक्षा आ संस्कृति मंत्रालय, श्रम आ यातायात मंत्रालय, आ खेलकुद तथा समाज कल्याण मंत्रालय के जिम्मेदारी खुदे संभालिहें। ई प्रमुख मंत्रालय दूसर मंत्री लोग के ना देके खुदे राखल, राजनीतिक हल्का में खास महत्व के रूप में देखल जा रहल बा।
कवन मंत्री के का जिम्मेदारी?
मंत्रिपरिषद के पुनर्गठन आ नया राजनीतिक समीकरण तय होखे के बाद, काल्हे रात प्रदेश प्रमुख के कार्यालय में एगो विशेष कार्यक्रम आयोजित कइल गइल।
प्रदेश प्रमुख के कार्यालय के प्रवक्ता संजीप कुमार दुबे के अनुसार, एह कार्यक्रम में प्रदेश प्रमुख सुरेन्द्र लाल कर्ण के सामने नव नियुक्त विनाविभागीय मंत्री मोहम्मद समिर पद आ गोपनीयता के शपथ लिहलन।
विनाविभागीय मंत्री बनल मो. समिर के आगे चलके राजनीतिक सहमति आ अउरी बातचीत के आधार पर कवनो उपयुक्त मंत्रालय के जिम्मेदारी देहल जाई, एही जानकारी स्रोत से मिलल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............