• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

क्रियाशील युवा पत्रकार मंच नेपाल द्वारा लहुदान कार्यक्रम सम्पन्न

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ जेष्ठ २३ गते
A A
क्रियाशील युवा पत्रकार मंच नेपाल द्वारा लहुदान कार्यक्रम सम्पन्न

मानव जीवन बचावे आ लहु के कमी कम करे के उद्देश्य से वीरगंज के घंटाघर चौक पर शनिचर के दिन एगो बड़ खुला रक्तदान कार्यक्रम सफलतापूर्वक आयोजित भइल। क्रियाशील युवा पत्रकार मंच नेपाल द्वारा आयोजित एह कार्यक्रम में 3 महिला समेत कुल 60 लोग रक्तदान कइले।
कार्यक्रम में अलग-अलग क्षेत्र से नागरिक, युवा, समाजसेवी आ पत्रकार लोग के उल्लेखनीय भागीदारी रहल। रक्तदाता लोग कहलन कि रक्तदान मानव सेवा के सबसे बढ़िया माध्यम ह, आ एह अभियान के लगातार चलावत रहे के जरूरत बा।
मंच के अध्यक्ष आनंद पटेल के अध्यक्षता में सम्पन्न एह कार्यक्रम में नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष ओमप्रकाश खनाल मुख्य अतिथि के रूप में मौजूद रहलन। नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के अध्यक्ष बृजकिशोर पटेल, दीपक पटेल, सौरभराज पांडे आ बृजेश चौधरी विशिष्ट अतिथि रहलन।
कार्यक्रम में संस्थाके महासचिव राकेश कुमार साह, कार्यसमिति सदस्य आरोहण साह, ज्ञान्ती पटेल, पूजा साह, माधुरी महतो, अनिश पटेल, मुनेश पटेल, मुकेश पटेल, आदित्य शर्मा, राकेश साह, दीपेन्द्र पटेल, दीपक पटेल, भूपेन्द्र पटेल, बृजकिशोर चौधरी, आनंद पटेल, राजेन्द्र भट्टराई, अरविन्द पटेल, पप्पु साह, प्रताप पटेल, अनुज पटेल, रञ्जय पटेल, विशेष द्विवेदी, जितेन्द्र साह, सुनिल साह, सूर्यप्रताप पटेल सहित कई लोग रक्तदान कइले।
कार्यक्रम में बोलत वक्ता लोग कहलन कि रक्तदान से मरीज लोग के जान बचावल जा सकेला, एहसे समाज में एहप्रति सकारात्मक जागरूकता फैलावल जरूरी बा। ऊ लोग युवा वर्ग से सामाजिक जिम्मेदारी निभावत नियमित रक्तदान करे के अपील कइले।
नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के अध्यक्ष बृजकिशोर पटेल कहलन कि स्वस्थ आदमी के नियमित रक्तदान करे के चाहीं, काहेकि ई जीवन बचावे वाला महत्वपूर्ण काम ह। ऊ कहलन कि समाज के हर स्तर तक सकारात्मक संदेश पहुंचावे में युवा लोग के भूमिका बहुत जरूरी बा।
कार्यक्रम में प्याब्सन वीरगंज महानगर अध्यक्ष राहुल श्रीवास्तव, समाजसेवी संजु साह, प्रेस सेन्टर नेपाल पर्सा अध्यक्ष शिवनाथ यादव, समाजवादी प्रेस संगठन पर्सा अध्यक्ष शम्भु कुमार सुमन, प्रेस सेन्टर नेपाल मधेश प्रदेश संयोजक निरज पिठाकोटे मगर, युवा समाज पिपरा के अध्यक्ष अनिल पटेल, विशेष्वर पटेल, सन्तोष पटेल, जितेन्द्र प्रियान्सु, हिन्दू पत्रकार संघ नेपाल अध्यक्ष राजन रौनियार, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा सचिव विजय चौहान, सहसचिव एस.के. चौरसिया, पुष्प तिमल्सिना, सुरक्षाकर्मी, पत्रकार आ विभिन्न संघसंस्था के प्रतिनिधि लोग के उपस्थिति रहल।
एह कार्यक्रम में आयोजक संस्था के वर्तमान अध्यक्ष प्रणय साह, उपाध्यक्ष वीरेन्द्र साह, महासचिव राकेश साह, सहसचिव ओमप्रकाश सराफ, कोषाध्यक्ष उपेन्द्र बरै आ सदस्य सुनिल ओझा, आरोहण साह, आदित्य शर्मा, दिपेश ठाकुर, मुकेश यादव, कन्हियालाल बर्नवाल, उपेन्द्र पटेल, अरुण साह, अर्जुन कुमार आ पत्रकार जगत राई के सक्रिय सहभागिता रहल।
कार्यक्रम में नेपाल रेडक्रस सोसाइटी रेशमकोठी उपशाखा के युवा संयोजक अभिलाष गुप्ता के विशेष उपस्थिति रहल। आयोजक संस्था सब रक्तदाता, अतिथि आ सहयोगी संस्था के धन्यवाद देते हुए आगे भी अइसन सामाजिक आ मानवीय कार्यक्रम जारी रखे के बात कहलस।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............