• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

परवानीपुर के नीति आ कार्यक्रम सार्वजनिक भइल, गाँवसभा के माध्यम से पालिका 36 करोड़ 63 लाख के योजना सार्वजनिक

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ असार ८ गते
A A
परवानीपुर के नीति आ कार्यक्रम सार्वजनिक भइल, गाँवसभा के माध्यम से पालिका 36 करोड़ 63 लाख के योजना सार्वजनिक

बारा के परवानीपुर गाँवपालिके आर्थिक वर्ष 2083/084 खातिर 36 करोड़ 63 लाख 10 हजार रुपइया के बजट सहित नीति आ कार्यक्रम सार्वजनिक कइले बा। सोमबार के भइल 18वाँ गाँवसभा में विकास निर्माण, सेवा प्रवाह आ आर्थिक समृद्धि के केंद्र में रखत आवे वाला साल के नीति, कार्यक्रम आ बजट पारित कइल गइल।
गाँवसभा में पेश बजट में से करीब 60 प्रतिशत रकम चालू खर्च आ 40 प्रतिशत पुँजीगत खर्च खातिर छुटावल गइल बा। उपाध्यक्ष के आदेश पर प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मुन्ना साह रौनियार नीति आ कार्यक्रम पेश कइलन, जवना में शिक्षा, पूर्वाधार विकास, भूमि प्रशासन, सरसफाई, आर्थिक विकास आ प्रभावी सेवा प्रवाह के मुख्य प्राथमिकता देहल गइल बा।
नीति आ कार्यक्रम अनुसार गाँवपालिके भीतर बनत स्कूल भवन सभ के पूरा कइल जाई। साथे करदाता सेवा अब गाँवपालिके से ही उपलब्ध करावल जाई, भूमि प्रशासन से जुड़ल सेवा स्थानीय स्तर पर दीहल जाई आ वडा नं. 1 में नदी नियंत्रण के काम पूरा करे के लक्ष्य राखल गइल बा।
एहिसे अलावा, लिपनीमाल स्थित गुर्दी बाजार इलाका में सड़क के उत्तर-दक्षिण हिस्सा में भवन निर्माण पूरा कइल जाई, वडा नं. 5 बहुअरी में मुख्य सड़क आ नाला निर्माण कइल जाई, आ नया स्कूल भवन आ बाल विकास केंद्र बनावे के कामो प्राथमिकता में राखल गइल बा।
गाँवसभा नियमित सफाई आ कचरा प्रबंधन कार्यक्रम चलावे के नीति भी मंजूर कइले बा। नवाचार आधारित आर्थिक विकास कार्यक्रम से स्थानीय उत्पादन के बढ़ावा, रोजगार के सृजन आ आर्थिक गतिविधि के विस्तार करे के लक्ष्य तय कइल गइल बा।
गाँवसभा अधिवेशन के संबोधित करत गाँवपालिका अध्यक्ष रामक्षत्री प्रसाद कुर्मी कहलन कि नीति आ कार्यक्रम के सफल लागू करे खातिर जनप्रतिनिधि, कर्मचारी, राजनीतिक दल, नागरिक समाज आ स्थानीय लोगन के बीच सहकार्य बहुत जरूरी बा। ऊ कहलन कि सुशासन आ नागरिक के आसान आ गुणस्तरीय सेवा देवे के ध्यान में रखके ई बजट आ कार्यक्रम बनावल गइल बा।
अधिवेशन में उपाध्यक्ष सुगान्धी देवी कनुइन, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मुन्ना साह रौनियार, समाजसेवी नेता उमेश साह कानु, जनप्रतिनिधि, कर्मचारी, राजनीतिक दल के प्रतिनिधि आ स्थानीय सरोकार वाला लोग के सहभागिता रहल।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............