वीरगंज — पर्सा के जगरनाथपुर गाउँपालिका–३ जमुनिया, नेपाल–भारत सीमावर्ती इलाका में भारत से अवैध रूप से नेपाल में भितर लावल जा रहल 600 गो हाँस आ कुखुरा के प्रतिबंधित चूजा सशस्त्र प्रहरी बल द्वारा बरामद कइल गइल बा।
सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल के बोर्डर आउट पोस्ट (बीओपी) पिडारीगुठी से खटाइल गश्ती टोली सीमाक्षेत्र में निगरानी करत घरी शंकास्पद गतिविधि देख के निगरानी तेज कइले रहे। एह दौरान दू गो आदमी साइकिल पर लाद के नेपाल ओर ले आवत चूजा के पुलिस देखत ही साइकिल समेत छोड़ के भारत ओर फरार हो गइलन।
बरामद कइल गइल हाँस आ कुखुरा के चूजा के अनुमानित कीमत करीब 1 लाख 80 हजार रुपिया बतावल गइल बा।
पशुजन्य संक्रामक रोग फइल सके के खतरा के देखते, बरामद चूजा के पशु चिकित्सक, स्थानीय भद्रभल आदमी आ नेपाल प्रहरी के रोहवर में बीओपी परिसर नजदीक खाली जमीन में गड्ढा खोद के नष्ट कइल गइल।
घटना में शामिल लोग के खोज आ जरूरी जांच अभी जारी बा, सशस्त्र प्रहरी बल जानकारी दिहले बा।

