लमहर समय के अंतराल के बाद बोलावल गइल राष्ट्रीय सभा के बैठक आजो ना बइठ के स्थगित हो गइल बा।
असार ५ तारीख के बाद ६ दिन के इंतजार में रहल ई बैठक आज दुपहरिया १:१५ बजे खातिर तय कइल गइल रहे। बाकिर आखिरी समय पर “विशेष कारण” बतावत सूचना टांग के बैठक फेरु स्थगित क देहल गइल।
संघीय संसद सचिवालय के महासचिव पद्मप्रसाद पाण्डेय द्वारा जारी सूचना अनुसार, तय बैठक ना हो पावे के चलते अब एह के भोलुका शुक्रवार दुपहरिया १:१५ बजे तक खातिर टार देहल गइल बा।
लमहर समय के गैप के बाद होखे जा रहल बैठकियो प्रभावित हो गइल, जवना से संसद के कामकाज प्रक्रिया में अनिश्चितता देखाई दे रहल बा।
एहसे पहिले आजे खातिर तय प्रतिनिधि सभा के बैठक भी स्थगित हो चुकल बा। संसद के दुनो सदन एके साथ स्थगित होखे से राजनीतिक हल्का में एह पर खास ध्यान देहल जा रहल बा।

