काठमांडू। नेपाली बाजार में सोना-चाँदी के दाम लगातार चौथा दिन भी गिरत रहल बा।
नेपाल सोना-चाँदी व्यवसायी महासंघ के अनुसार, आज छापावाला सोना के दाम प्रति तोला 900 रुपैया घटल बा, जवन अब घट के 2 लाख 87 हजार 100 रुपैया पर आ गइल बा।
पिछला चार दिन से सोना के भाव लगातार नीचे जात रहल बा। काल्हे ही सोना प्रति तोला 1,400 रुपैया से घटल रहे। कुछ दिन पहिले ऊँचाई पर पहुँचल सोना के दाम में एह तेज गिरावट से निवेशक आ ग्राहक दुनो के दिलचस्पी बढ़ गइल बा।
सोना के साथे-साथ चाँदी के दाम में भी आजु भारी गिरावट देखे के मिलल बा। आजु चाँदी प्रति तोला 55 रुपैया घट के 4 हजार 500 रुपैया पर कारोबार हो रहल बा।
बाजार विशेषज्ञ लोग के मुताबिक, हाल के उतार-चढ़ाव के बावजूद दाम अब माघ महीना में बनल ऐतिहासिक उच्च स्तर से काफी नीचे आ गइल बा। माघ 15 गते सोना के दाम प्रति तोला 3 लाख 39 हजार 300 रुपैया तक पहुँच के नया रिकॉर्ड बनवले रहे।
अभी के लगातार गिरावट से बाजार में एह बात पर नजर बनल बा कि सोना के दाम अब स्थिर होई कि आउर नीचे गिरी।

