• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

पोखरिया अस्पताल में एक साल से एक्स-रे सेवा बंद रहे के बावजूद कर्मचारी लोग 80 हजार जोखिम भत्ता ले लेले

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ असार २४ गते
A A
पोखरिया अस्पताल में एक साल से एक्स-रे सेवा बंद रहे के बावजूद कर्मचारी लोग 80 हजार जोखिम भत्ता ले लेले

वीरगंज। पर्सा के पोखरिया नगरपालिका में स्थित प्रादेशिक अस्पताल में करीब एक साल से एक्स-रे मशीन आ लैब सेवा बंद रहल, तबहूँ उहां काम करे वाला कुछ कर्मचारी लोग जोखिम भत्ता लेवे के मामला सामने आइल बा।
स्रोत के अनुसार, अस्पताल के एक्स-रे आ लैब में काम करे वाला राज कुशवाहा, राजु मंडल, दीपक चौरसिया आ सेराजुल अंसारी जनही 80 हजार रुपैया के हिसाब से जोखिम भत्ता लेले बाड़न।
अस्पताल में जब एक्स-रे आ लैब सेवा चालूए ना रहे, तब जोखिम भत्ता देवे के कारण स्थानीय स्तर पर आर्थिक अनियमितता आ सार्वजनिक धन के दुरुपयोग के आरोप लाग रहल बा। सरोकार वाला लोग के कहनाम बा कि सेवा बंद रहल हालत में जोखिम भत्ता देना नियम के खिलाफ बा, आ एह मामला के निष्पक्ष जांच होखे के चाहीं।
स्रोत के मुताबिक, कार्यालय प्रमुख आ लेखा शाखा के जिम्मेदार अधिकारी लोग के मिलेमतो से ई भत्ता बाँटल गइल होखे के आशंका बा। लमहर समय से सेवा बंद रहे के बावजूद भत्ता बाँटल गइल, जवन अनियमितता के शक बढ़ावत बा।
स्थानीय बासी आ सरोकार वाला लोग मांग कइले बा कि जोखिम भत्ता देवे के आधार, पैसा पावे वाला कर्मचारी के विवरण आ भुगतान प्रक्रिया सार्वजनिक कइल जाव। साथे घटना के निष्पक्ष जांच क के दोषी लोग पर कानून अनुसार कारवाई करे के भी मांग उठल बा।
एह बीच, एक्स-रे विभाग में काम करे वाला कर्मचारी राजु मंडल ई बात मानले बाड़न कि ऊ लोग जोखिम भत्ता लिहले बा। ऊ बतवले कि एक्स-रे सेवा चैत महीना के आखिरी हफ्ता से बंद भइल बा।
मंडल के अनुसार, एक्स-रे मशीन पूरी तरह खराब ना भइल रहे, बलुक फिल्टर खराब होखे के कारण सेवा प्रभावित भइल। सेवा बंद रहे के समय अवधि के बारे में ऊ अलग दावा कइले बाड़न।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............