• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

बारा में मोटरसाइकिल खुदे अनियंत्रित भइला से चालक के मौत हो गइल

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ असार २४ गते
A A
बारा में मोटरसाइकिल खुदे अनियंत्रित भइला से चालक के मौत हो गइल

वीरगंज। बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–23 भलुहीचोक स्थित वीरगंज–पथलैया सड़क खंड पर मोटरसाइकिल खुदे अनियंत्रित होके दुर्घटनाग्रस्त हो गइल, जवन में एक आदमी के मौत हो गइल बा।
बुध के  बिहानिया करीब 5:30 बजे वीरगंज से पथलैया तरफ आवत म.प्र.03–019 प 6839 नंबर के मोटरसाइकिल अचानक अनियंत्रित होके सड़क किनारे के रेलिंग में जा के ठोक्काइल, पुलिस जानकारी देले बा।
दुर्घटना में मोटरसाइकिल चालक, पर्सा के ठोरी गाउँपालिका–4 निवासी धनबहादुर श्रेष्ठ के करीब 40 साल के बेटा ईश्वर श्रेष्ठ गंभीर रूप से घायल हो गइल रहले। उनकर शरीर के कई हिस्सा में चोट लागल रहे आ शुरुआती इलाज खातिर प्रादेशिक अस्पताल कलैया भेजल गइल रहे।
बाद में बेहतर इलाज खातिर नारायणी अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग ईसीजी जांच के बाद बिहान करीब 7:30 बजे उनकर मौत घोषित कर देले।
दुर्घटना के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय जितपुर से प्रहरी निरीक्षक तेजनारायण बैठा के नेतृत्व में पहुंचल पुलिस टीम घटनास्थल के जांच कइलस आ दुर्घटनाग्रस्त मोटरसाइकिल के अपने कब्जा में लेके इलाका प्रहरी कार्यालय जितपुर में राख देले बा। मृतक के लाश नारायणी अस्पताल में राखल गइल बा, पुलिस बतवले बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............