• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

भारत में ऑटो दुर्घटना में सर्लाही के युवक के मौत, 6 जने घायल।

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ श्रावण २३ गते
A A
भारत में ऑटो दुर्घटना में सर्लाही के युवक के मौत, 6 जने घायल।

भारत में रोजगार खातिर गइल सर्लाही के एक नेपाली युवक के ऑटो दुर्घटना में मौत हो गइल बा, जबकि बाकी सवार लोग घायल हो गइल बा।

सर्लाही के धनकौल गाउँपालिका–4 के रहइया लगन राम उर्फ ढुनमुन राम के 32 साल के बेटा अजय राम के भारत के बिहार राज्य के ढाका इलाका में शुक्रवार भोर करीब 5 बजे भइल ऑटो दुर्घटना में मौत हो गइल।
बतावल जा रहल बा कि ऊ सभ लोग पंजाब से किसानी काम क के घर लवटत रहलें, एह दौरान ऊ लोग सवार ऑटो दुर्घटना के शिकार हो गइल। दुर्घटना में अजय राम के मौत हो गइल, पुलिस ई बात के पुष्टि कइले बा।
एह हादसा में उमेश राम, नर्सिंग राम, प्रमोद राम, चुनचुन राम, दिलीप राम आ नवीन माझी समेत कई लोग घाइल हो गइल बा। सभे घाइल लोग के भारत के सरकारी अस्पताल में इलाज चल रहल बा।
मृतक अजय राम के शव पोस्टमार्टम खातिर सरकारी अस्पताल ढाका भेजल गइल बा आ शव के नेपाल लियावे के प्रक्रिया आगे बढ़ावल जा रहल बा।
नेपाली कांग्रेस के नेता आ समाजसेवी दिपेश राय यादव घटना पर दुख जतावत कहलें कि पीड़ित परिवार के तुरंत उचित मुआवजा मिलल चाहीं आ घटना के निष्पक्ष जांच होके न्याय मिलल जरूरी बा।
यादव ई भी मांग कइलें कि घाइल लोग के इलाज खातिर जरूरी मदद मिलो आ शव के नेपाल लियावे के प्रक्रिया आसान बनावल जाव। एही खातिर ऊ नेपाल सरकार आ संबंधित निकाय के ध्यान आकर्षित कइलें।
भारत में काम करे गइल नेपाली लोग घर लवटत बेरा भइल एह दुर्घटना से धनकौल गाउँपालिका–4 में शोक के माहौल बन गइल बा। स्थानीय लोग भी पीड़ित परिवार के राहत आ मुआवजा देवे के मांग करत बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............