बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–22 में चुरियामाई मंदिर लगे एक भारतीय ट्रेलर ट्रक पाँच गो सवारी साधन के ठोकर मार देला से दुर्घटना भइल बा। पुलिस के अनुसार एह हादसा में कवनो मानवीय क्षति नइखे भइल।
शुक्र के रात करीब 10 बजे हेटौंडा से पथलैया आवत एचआर 69 डी 7969 नंबर के भारतीय ट्रेलर ट्रक ओवरटेक करे के दौरान उल्टा लेन में घुस के अनियंत्रित हो गइल आ पथलैया से हेटौंडा जात पाँच गो गाड़ी के ठोकर मार दिहलस।
ट्रेलर के ठोकर से ना.1 ज 6881 नंबर के कार (टैक्सी), लु.प्र.01–001 च 0124 नंबर के भैन, बा.17 च 7783 नंबर के ओम्नी भैन, ना.4 च 5334 नंबर के योद्धा पिकअप आ बा.प्र.03–001 ज 362 नंबर के ईभी गाड़ी में नुकसान पहुँचल बा।
पुलिस के मुताबिक टैक्सी के अगिला हिस्सा में नुकसान भइल बा, जबकि भैन के आगे आ पीछे दुनो ओर क्षति भइल बा। ओम्नी भैन के अगिला हिस्सा कुचल गइल बा, योद्धा पिकअप के बाँया साइड में नुकसान भइल आ अगिला शीशा टूट गइल बा, जबकि ईभी गाड़ी के अगिला हिस्सा में भी क्षति पहुँचल बा।
दुर्घटना के बाद भारतीय ट्रेलर के ड्राइवर घटनास्थल से फरार हो गइल। एह हादसा के चलते कुछ समय खातिर सड़क एकतरफा चालू रहल।
घटना के जानकारी मिलते ही इलाका प्रहरी कार्यालय अमलेखगंज से प्रहरी वरिष्ठ नायब निरीक्षक प्रकाश कुमार खत्री के नेतृत्व में पुलिस टीम घटनास्थल पहुँचल। पुलिस क्रेन के मदद से ट्रेलर हटववले आ बाकी क्षतिग्रस्त गाड़ी के भी थाना ले गइल।
जिला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता आ प्रहरी नायब उपरीक्षक मीनबहादुर घले के अनुसार शनिचर के भोर करीब 2 बजे से सड़क दुन्नो ओर से चालू हो गइल।
फिलहाल ट्रेलर के ड्राइवर के खोज जारी बा आ घटना के बारे में आगे जाँच हो रहल बा।

