रौतहट के जंगल इलाका में काठ चोरी–तस्करी में लागल समूह अब नया तरीका अपनावे लागल बा। साल के गोलिया ढोवे खातिर खास तौर पर बदलल (परिमार्जित) साइकिल मिलला के बाद वन कार्यालय कहले बा कि तस्करी अब जादे योजनाबद्ध तरीका से हो रहल बा।
चोचा सबडिभिजन वन कार्यालय के गस्ती टोली शुक्र के भोर मे करीब ३ बजे गुजरा नगरपालिका–२, मैढा इलाका में गस्ती करत रहे, ओही दौरान साल के गोलिया लादल एगो बदलल साइकिल बरामद भइल।
गस्ती टोली नजदीक आवत देख तस्कर लोग गोलिया आ साइकिल ओही जगह छोड़ के भाग निकलल। वन कार्यालय के अनुसार, ओह जगह से एक ठो साल के गोलिया, करीब ६.९६ क्युबिक फिट काठ आ काठ ढोवे खातिर खास बनावल साइकिल बरामद कइल गइल बा।
बरामद सामान के कानूनी प्रक्रिया पूरा करे खातिर चोचा सबडिभिजन वन कार्यालय में राखल गइल बा। घटना में शामिल भागल लोग के खोज जारी बा।
वन अधिकारी लोग के कहना बा कि तस्कर लोग हरियर साल के पेड़ काट के गोलिया बनावेला, ओकरा के अलग–अलग आकार में काटेला आ रात में अलग–अलग साधन से जंगल से बाहर निकालेला। अब साइकिल जइसन साधन के नया तरीका से इस्तेमाल बढ़े लागल बा।
डिभिजन वन कार्यालय रौतहट के प्रमुख मनोज कुमार ठाकुर कहले कि तस्कर लोग समय आ हालात के हिसाब से नया–नया तरीका अपनावत बाडें । साइकिल के काठ ढोवे लायक बनावल मिलल, ई अवैध तस्करी के बदलत रूप के उदाहरण ह।
रौतहट के जंगल इलाका पिछला कुछ साल से अतिक्रमण, अवैध कटानी आ तस्करी के कारण दबाव में बा। वन कार्यालय कहले बा कि एह तरह के काम में लागल लोग के पहचान करके कानून अनुसार कड़ा कार्रवाई कइल जाई।

