• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

नेपाली कांग्रेस केन्द्रीय समिति के बैठक आजो बइठत बा

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ श्रावण २६ गते
A A
नेपाली कांग्रेस केन्द्रीय समिति के बैठक आजो बइठत बा

काठमांडू । प्रमुख प्रतिपक्षी दल नेपाली कांग्रेस केन्द्रीय कार्यसमिति के बैठक आजु मंगल के भी बइठे वाला बा। ललितपुर के सानेपा स्थित पार्टी केन्द्रीय कार्यालय में बिहानिया ११:३० बजे से बोलावल गइल बैठक में समसामयिक राजनीतिक, आर्थिक आ आम जनता के जनजीवन से सीधा जुड़ल विषय पर लगातार छलफल होई।
सभापति गगनकुमार थापा के अध्यक्षता में एतवार से शुरू भइल एह बैठक में केन्द्रीय सदस्य लोग आपन-आपन धारणा रखत बाड़ें। सोमार के भइल बैठक में २२ गो केन्द्रीय सदस्य देश के वर्तमान राजनीतिक अवस्था, सरकार के कामकाज आ पार्टी के आन्तरिक रणनीति के बारे में आपन विचार रखले रहलें।

बैठक में राजनीतिक एजेन्डा के साथे आम नागरिक के भोगे पड़ रहल व्यवहारिक समस्या पर भी गम्भीर छलफल हो रहल बा।
खास तौर पर बजार में खाना पकावे वाला ग्यास के सहज आपूर्ति सुनिश्चित करे, खेती के समय किसान खातिर रासायनिक मल के व्यवस्था करे, स्थानीय कृषि उत्पादन के उचित बजार आ मूल्य दिलावे, बढ़त कालाबजारी पर नियन्त्रण करे आ देश के ऊर्जा नीति के पारदर्शी बनावे जइसन संवेदनशील विषय पर छलफल भइल कांग्रेस जनवले बा।
बैठक के पहिला दिन महामन्त्री प्रदीप पौडेल के ओर से प्रस्तुत विभिन्न संगठनात्मक आ नीतिगत एजेन्डा पर अबहियो कई गो केन्द्रीय सदस्य लोग के बोलल बाकी बा। एही कारण आजो बैठक में छलफल के निरन्तरता देवे के तयारी कइल गइल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............