काठमांडू । दक्षिण अमेरिकी देश कोलम्बिया के पश्चिमी इलाका के केन्द्र बनाके आइल ७.४ म्याग्निच्युड के शक्तिशाली भूकम्प में कम से कम १११ लोगन के मौत हो गइल बा। घटना में ८७ से अधिक लोग घायल भइल स्थानीय अधिकारी लोग पुष्टि कइले बा।
कोलम्बिया के काली, परेरा लगायत प्रमुख शहरन में दर्जनन बहुमंजिला आवासीय आ व्यावसायिक भवन गिर गइल बा। एह चलते कई लोग मलबा में दबाइल होखे के आशंका जतावल गइल बा।
प्राकृतिक विपत्ति के तुरन्त बाद नवनिर्वाचित राष्ट्रपति अबेलार्डो डि ला एस्प्रियाला देशभर में ‘राष्ट्रीय आपत्काल’ घोषणा करत उद्धार, राहत आ पुनर्स्थापना के काम के कमान खुद सम्हारे के प्रतिबद्धता जनवले बाड़ें।
अमेरिकी भूगर्भ सर्वेक्षण (यूएसजीएस) के अनुसार, भूकम्प के केन्द्र कोलम्बिया के प्रशान्त महासागरीय तटीय क्षेत्र में पड़ेला। ई चोको प्रान्त के तातामा राष्ट्रिय निकुञ्ज नजिक जमीन के सतह से करीब १०७ किलोमिटर गहिराई में रहल।
भूकम्प के झटका पड़ोसी देश पानामा, इक्वेडर आ भेनेजुएला तक महसूस कइल गइल।
प्रारम्भिक विवरण के अनुसार, भूकम्प के कारण १ हजार ५७५ से अधिक घर में क्षति पहुँचल बा। एह में ३७ गो घर पूरा तरह ध्वस्त हो गइल बा, जबकि ६१ गो बड़का भवन ढह गइल बा। एही तरह १८ गो स्वास्थ्य संस्था आ ५२ गो विद्यालय के भवन में भी भौतिक क्षति भइल बतावल गइल बा।
भूकम्प के कारण विमानस्थल के रनवे आ अन्य पूर्वाधार में भइल क्षति के प्राविधिक मूल्याङ्कन खातिर काली, परेरा, मनिजालेस, किब्डो, आर्मेनिया आ कार्टागो समेत कम से कम ६ गो प्रमुख विमानस्थल पर उड़ान सेवा पूरी तरह रोक दिहल गइल बा।
प्रभावित क्षेत्र में सुरक्षा निकाय आ उद्धार टोली मलबा हटावत जियत लोग के खोजी अभियान लगातार जारी रखले बा।

