काठमांडू । देश के मुख्य-बड़ नदी सभ में पानी के सतह सामान्य आ सतर्कता बिन्दु से नीचे रहलो के बावजूद कुछ पहाड़ी आ हिमाली जिला के छोट नदी आ खोलामे अचानक बाढ़ के मध्यम जोखिम देखल गइल बा।
जल तथा मौसम विज्ञान विभाग के बाढ़ पूर्वानुमान महाशाखा बुध के बिहान अपडेट बुलेटिन जारी करत नदी किनार के इलाका में रहे वाला लोग से सतर्क रहे के आग्रह कइले बा।
महाशाखा के मुताबिक कोशी, नारायणी, बागमती, कर्णाली आ महाकाली के साथे कन्काई, कमला, बबई आ राप्ती जइसन मुख्य नदी सभ में फिलहाल पानी के सतह सुरक्षित बा। बाकिर काठमांडू उपत्यका के तीन जिला समेत १३ गो पहाड़ी आ हिमाली जिला से होके बहे वाला छोट नदी सभ में पानी के बहाव तेजी से बढ़ सकेला।
काठमांडू, भक्तपुर, ललितपुर, रामेछाप, दोलखा, सिन्धुपाल्चोक, काभ्रेपलाञ्चोक, गोरखा, लमजुङ, कास्की, स्याङ्जा, बझाङ आ दार्चुला के छोट नदी सभ में आज अचानक बाढ़ के मध्यम जोखिम रहे के पूर्वानुमान बा।
महाशाखा बतवले बा कि बाढ़ के ई जोखिम अगिला कुछ दिनो में जारी रह सकेला। बिहीबार बागमती, गण्डकी, लुम्बिनी आ कर्णाली प्रदेश के छोट नदी-खोला सभ में, जबकि शुक्रबार गण्डकी, लुम्बिनी आ सुदूरपश्चिम प्रदेश के छोट खोलामे पानी के सतह अचानक बढ़ सकेला।
जोखिम वाला इलाका के स्थानीय लोग आ नदी किनार के आसपास रहे वाला सभे से सतर्कता अपनावे के विभाग आग्रह कइले बा।

