वीरगञ्ज । पूर्व कृषि तथा पशुपन्छी विकासमन्त्री आ श बारा–३ के निवर्तमान प्रतिनिधिसभा सदस्य ज्वाला कुमारी साह कलैया उपमहानगरपालिका–७ बरेवा बैरियामे स्थित श्री दुर्गा माध्यमिक विद्यालयमे बने वाला आठ कोठा के भवन के शिलान्यास कइले बाड़ी।
बुध के दिने विद्यालय परिसरमे आयोजित कार्यक्रममे साह १ करोड़ ५० लाख रुपइया के लागत से बने वाला भवन के शिलान्यास कइली। विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष अवधेश प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे भइल कार्यक्रममे साह प्रमुख अतिथि के रूपमे सहभागी रहली।
कार्यक्रम के सम्बोधन करत पूर्वमन्त्री साह बतवली कि ऊ प्रतिनिधिसभा सदस्य रहत दुर्गा माध्यमिक विद्यालय खातिर १ करोड़ ५० लाख रुपइया आ कलैयामे स्थित सिद्धेश्वर संस्कृत माध्यमिक विद्यालय खातिर १ करोड़ ५० लाख रुपइया, कुल ३ करोड़ रुपइया के बजेट विनियोजन करावे खातिर पहल कइले रहली।
उहाँ कहलखिन कि विद्यालय के भौतिक पूर्वाधार विकास के साथे शैक्षिक गुणस्तर सुधार के अपना प्राथमिकता मे रखले बाड़ी। विद्यालय के गुणस्तरीय आ प्राविधिक शिक्षा के केन्द्र के रूपमे विकास करे खातिर आगे भी आपन सहयोग आ पहल जारी रखे के उहाँ बतवली।
साह कहलखिन कि चुनावमे ऊ जीतस या हारस, जनता के साथे रहके अधूरा विकास निर्माण के काम के आगे बढ़ावे खातिर पहल करत रहस।
“हमार शरीरमे एगो बूंद खून रहे ले, तबले जनता के साथे रहब,” ऊ कहलखिन।
कार्यक्रममे कलैया उपमहानगरपालिका–७ के वडाध्यक्ष सैफुल्लाह मन्सुर, वडा नं. १३ के पूर्ववडाध्यक्ष राजन पटेल, कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत रेशमलाल कडेल, शिक्षा शाखा प्रमुख राजीव कुमार यादव, विद्यालय के प्रधानाध्यापक मनोज यादव, प्रादेशिक अस्पताल कलैया के व्यवस्थापन समिति अध्यक्ष जवाहिर अन्सारी लगायत शिक्षक आ कर्मचारी लोग के उपस्थिति रहे।
नयाँ भवन बनला के बाद विद्यालयमे पढ़े वाला विद्यार्थी खातिर अउरी कक्षा कोठा उपलब्ध होई आ पठनपाठन खातिर जरूरी भौतिक पूर्वाधारमे सुधार होखे के अपेक्षा कइल गइल बा।

