• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

जितपुरसिमरा में तीन बरिस के लइकी के हत्या, १६ बरिस के किशोर गिरफ्तार

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ भाद्र ३ गते
A A
जितपुरसिमरा में तीन बरिस के लइकी के हत्या, १६ बरिस के किशोर गिरफ्तार

वीरगञ्ज । बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–१ भक्तिनगर में तीन बरिस के एगो लइकी के हत्या हो गइल बा। शुरुआती जांच में चकलेट के लालच देखाके लइकी के ले जाइल आ जबरदस्ती करला के बाद हत्या कइल गइल होखे के सामने आइल बा। घटना में संलग्न रहल आरोप में पुलिस एगो किशोर समेत दू गो के गिरफ्तार कइले बिया।
पुलिस के मुताबिक, जितपुरसिमरा–१ दसधुरी में रहे वाली मनमती चौधरी के तीन बरिस के बेटी गरिमा चौधरी सावन ३१ गते बिहान करीब ८:३० बजे से लापता रहली। परिवार खोजबीन करत रहे। एह बीच भादो २ गते साँझिया करीब ५:४५ बजे भक्तिनगर में वीरबहादुर रोका के टायल से छावल एकतल्ला घर के खाली कोठरी में लइकी के शव मिलल।
लइकी के शव मिलल के सूचना मिलते ही इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा से प्रहरी नायब उपरीक्षक दिलीप क्षेत्री के कमाण्ड में पुलिस आ सोको (SOCO) टोली घटनास्थल पर पहुँच गइल। जिला प्रहरी कार्यालय बारा से प्रहरी उपरीक्षक नरेन्द्र कुँवर के कमाण्ड में अतिरिक्त अनुसन्धान टोली भी घटनास्थल पर भेजल गइल।
घटना के जांच खातिर नेपाल प्रदेश प्रहरी कार्यालय पर्सा, वीरगञ्ज से तालिम प्राप्त कुकुर समेत के टोली भी परिचालन कइल गइल, पुलिस बतवले बिया।
शुरुआती अनुसन्धान में जितपुरसिमरा–२ में रहे वाला भीमसेन थापा के करीब १६ बरिस के बेटा सुमन थापा चकलेट देके लइकी के बहका-फुसलाके घटनास्थल पर ले गइल होखे के खुलासा भइल बा। ओकरा बाद लइकी के साथ जबरदस्ती करला आ हत्या कइला के आशंका में पुलिस अनुसन्धान आगे बढ़वले बिया।
घटना में संलग्न रहल आरोप में पुलिस सुमन थापा के गिरफ्तार कइले बिया। एही तरह ना.१ ज ७७५८ नम्बर के म्याजिक गाड़ी के धनी जितपुरसिमरा–१ निवासी २४ बरिस के प्रोग्रेस चौधरी के भी पुलिस नियन्त्रण में लेले बा।
पुलिस दुनु जना के नियन्त्रण में लेके घटना के बारे में थप अनुसन्धान करत बा। लइकी के शव परीक्षण आ थप अनुसन्धान के बाद घटना के विस्तृत विवरण सामने आई, पुलिस जनवले बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............