Writing
वीरगञ्ज । नेपाल लायन्स के ५५वाँ वार्षिकोत्सव के अवसर पर लायन्स क्लब अफ वीरगञ्ज गेटवे के ओर से चलावल जा रहल सप्ताहव्यापी स्वास्थ्य सेवा कार्यक्रम अन्तर्गत वीरगञ्ज में रक्तचाप आ मधुमेह परीक्षण कार्यक्रम सम्पन्न भइल बा।
क्लब के ओर से वीरगञ्ज महानगरपालिका–१० घडिअर्वा पोखरी परिसर में आयोजित स्वास्थ्य परीक्षण कार्यक्रम में ११५ जने के रक्तचाप आ डाइबिटिज के जाँच कइल गइल।
वीरगञ्ज महानगरपालिका–१४ पिपरा में स्थित स्पर्श अस्पताल के प्राविधिक सहयोग आ सञ्चालन में भइल कार्यक्रम में लायन्स डा. महेश्वरप्रसाद कुर्मी के सहयोग रहल। कार्यक्रम के व्यवस्थापन संयोजक वीरेन्द्रकुमार आर्य कइले रहलें।
लायन्स क्लब अफ वीरगञ्ज गेटवे के अध्यक्ष आ समाजसेवी लायन्स प्रकाशकुमार उपाध्याय के अध्यक्षता में भइल कार्यक्रम में लायन्स क्लब के डिस्ट्रिक्ट गभर्नर लायन्स रामबिहारी पाण्डे, सचिव लायन्स कपिलदेव तिवारी लगायत लायन्स वकिलप्रसाद रौनियार, लायन्स फैयाज आलम, लायन्स इन्जिनियर श्यामबाबु प्रसाद, लायन्स विकास जैसवाल आ स्थानीय समाजसेवी लोग के सहभागिता रहल।
क्लब के ओर से सप्ताहव्यापी स्वास्थ्य सेवा कार्यक्रम अन्तर्गत अलग-अलग जगह पर स्वास्थ्य परीक्षण आ जनचेतनामूलक कार्यक्रम चलावल जा रहल जानकारी देहल गइल।
कार्यक्रम के अनुसार भदौ ५ गते बिहान वीरगञ्ज के छपकैया ईदगाहचोक में स्वास्थ्य परीक्षण कार्यक्रम आयोजना कइल जाई। एहसे पहिले सोमबार वीरगञ्ज चिमिल परिसर में रहल पशुपतिनाथ मन्दिर में भी स्वास्थ्य कार्यक्रम आयोजना कइल गइल रहे, अध्यक्ष उपाध्याय बतवले।
क्लब के अनुसार, समुदाय स्तर पर स्वास्थ्यसम्बन्धी आधारभूत परीक्षण के पहुँच बढ़ावे के उद्देश्य से ई सप्ताहव्यापी कार्यक्रम चलावल जा रहल बा।

