सेढवा (पर्सा) । पर्सा के जिराभवानी गाउँपालिका से भारी मात्रा में अवैध भारतीय कपड़ा सहित पुलिस एगो आदमी के गिरफ्तार कइले बा। जिराभवानी गाउँपालिका–१ के बलुवा टोल से करीब १० लाख रुपइया बराबर के भन्सार छल के ले आवल कपड़ा सहित कारोबारी के नियन्त्रण में लिहल गइल पुलिस जनवले बा।
नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी के संयुक्त टोली विशेष सूचना के आधार पर खोजतलास करत काँसघारी आ धानखेत में लुकाके राखल १२ पोका कपड़ा बरामद कइले बा। इलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा, प्रहरी चौकी महादेवपट्टी आ सशस्त्र प्रहरी बल (बीओपी) महादेवपट्टी के टोली भारत के भङ्गहा से अवैध रूप से नेपाल भित्रावल उक्त कपड़ा बरामद कइले जनवले बा।
इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के प्रहरी निरीक्षक समुन्त अधिकारी के मुताबिक बरामद कपड़ा के अनुमानित बजार मूल्य करीब १० लाख रुपइया रहल बा। पुलिस गिरफ्तार कारोबारी के नाम अभी सार्वजनिक नइखे कइले।
अवैध रूप से नेपाल भित्रावल कपड़ा आ गिरफ्तार व्यक्ति के आवश्यक कानुनी कारबाही खातिर वीरगञ्ज भन्सार कार्यालय भेजे के तयारी भइरहल पुलिस जनवले बा।

