• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

आर्थिक मंदी के मार में मधेस के उद्योग-व्यवसाय: एके साल में करीब दू हजार फर्म बंद

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ भाद्र ९ गते
A A
आर्थिक मंदी के मार में मधेस के उद्योग-व्यवसाय: एके साल में करीब दू हजार फर्म बंद

वीरगञ्ज । विश्वव्यापी आर्थिक तरलता, बैंक तथा वित्तीय संस्थान से कर्जा प्रवाह में आइल सुस्ती आ पूँजी के अभाव के कारण मधेस प्रदेश में उद्योग-व्यवसाय बन्द होखे के क्रम बढ़ल बा।
मधेस प्रदेश सरकार के उद्योग, वाणिज्य तथा पर्यटन मन्त्रालय के अनुसार, पिछला आर्थिक वर्ष २०८२/८३ में प्रदेशभर उद्योग आ वाणिज्य क्षेत्र के कुल १ हजार ९ सय ३८ गो व्यापारिक फर्म बन्द (लगत कट्टा) भइल बाड़े। बन्द भइल व्यवसाय में उद्योगतर्फ ८ सय २१ आ वाणिज्यतर्फ १ हजार १ सय १७ गो निजी तथा साझेदारी फर्म शामिल बाड़ी स। स्थानीय तह में सीधे उद्योग दर्ता करावे के क्रम बढ़ल आ वित्तीय संकट गहिराइल के व्यवसाय बन्द होखे के मुख्य कारण मानल गइल बा।
निराशाजनक रूप से व्यवसाय बन्द होत रहे के बावजूद नया उद्योग दर्ता आ नवीकरण के प्रक्रिया जारी बा। मन्त्रालय के सूचना अधिकारी उपेन्द्रकुमार महतो के अनुसार, पिछला आव २०८२/८३ में प्रदेशभर ५ हजार ६८ गो नया उद्योग दर्ता भइल, जबकि ७ हजार ५ सय ४० गो उद्योग के नवीकरण कइल गइल।
नया उद्योग दर्ता के मामिला में पर्सा जिला सबसे आगे रहल, जहाँ १ हजार १ सय १ गो नया उद्योग जुड़ल। ओही तरह धनुषा में ७ सय ७७, बारा में ६ सय ३९, सर्लाही में ६ सय ३६, सिरहा में ५ सय ५४, रौतहट में ५ सय ३३, महोत्तरी में ५ सय १४ आ सप्तरी में ३ सय १४ गो नया उद्योग दर्ता भइल बा।
वाणिज्य क्षेत्र में भी दर्ता आ नवीकरण के स्थिति उत्साहजनक देखाइल बा। समीक्षा अवधि में वाणिज्यतर्फ ६ हजार १ सय २२ गो नया निजी फर्म आ १८ गो साझेदारी फर्म दर्ता भइल बा। एही अवधि में ११ हजार १ सय ४४ गो फर्म के नवीकरण सम्पन्न भइल बा।
नया उद्योग तथा वाणिज्य फर्म के दर्ता, नवीकरण समेत विभिन्न प्रशासनिक शीर्षक से मधेस प्रदेश सरकार पिछला आर्थिक वर्ष में कुल ५ करोड २६ लाख ४९ हजार ५ सय ६२ रुपइया राजस्व संकलन कइले बा।
सुस्त आर्थिक गतिविधि के बीचोबीच नया फर्म दर्ता होखला से उद्योगी-व्यवसायी में अबहियो आशा कायम रहल देखाई देला। बाकिर, बड़ संख्या में पुरान फर्म बन्द होखला से प्रदेश के अर्थव्यवस्था गंभीर दबाव में रहल बात साफ हो रहल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............