• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

जीतपुरसिमरामा बालबालिकाके ‘गुड टच–ब्याड टच’ के बारे में जागरूकता

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ भाद्र ९ गते
A A
जीतपुरसिमरामा बालबालिकाके ‘गुड टच–ब्याड टच’ के बारे में जागरूकता

वीरगञ्ज । बालबच्चन पर होखे वाला हिंसा आ दुर्व्यवहार कम करे के उद्देश्य से बाराके जीतपुरसिमरा क्षेत्र में विद्यालयकेन्द्रित जागरूकता अभियान शुरू कइल गइल बा।
बालबच्चन के अपना शरीरके सुरक्षा, अनुचित स्पर्शके पहचान आ जोखिमपूर्ण परिस्थिति से बचे के उपायबारे जानकारी देवे के उद्देश्य से जीतपुरसिमरा नगर उद्योग वाणिज्य संघके महासचिव प्रकाश गिरी विद्यालय–विद्यालय में पहुँच के ‘गुड टच–ब्याड टच’ संबंधी प्रशिक्षण देवे शुरू कइले बाड़न।
गिरी आपन पढ़ाई कइले जीतपुरस्थित जीवन ज्योति सेकेन्ड्री स्कुल से अभियानके सुरुआत कइले बाड़न। प्रशिक्षणके दौरान बालबच्चन के अपने के असहज भा अनुचित लागे वाला स्पर्श भइला पर ओकर प्रतिरोध करे आ घटना के लुकावे के बजाय अभिभावक, शिक्षक भा भरोसेमन्द व्यक्ति के जानकारी देवे के सिखावल गइल।
प्रशिक्षण में बालबच्चन पर हो सके वाला यौनजन्य हिंसा आ दुर्व्यवहारके संकेत, जोखिम से बचे के उपाय आ असहज परिस्थिति में अपनावे के व्यवहारके बारे में भी जानकारी देहल गइल, गिरी बतवले।
बालबच्चन पर होखे वाला हिंसा आ दुर्व्यवहारके घटना रोके खातिर विद्यालय स्तर से ही सुरक्षा आ आत्मरक्षासम्बन्धी ज्ञान देहल जरूरी बा, गिरीके कहल बा।
उहाँ अभियान के जीतपुरसिमराके अउरी विद्यालय में भी विस्तार करे के योजना रहल जानकारी देले। अभियान में विद्यार्थी के साथे शिक्षक आ अभिभावक के भी सहभागी बनावे के तयारी कइल जा रहल बा।
बालबच्चन के सुरक्षा खाली विद्यालय भा परिवारके जिम्मेवारी ना होके समुदायके भी साझा दायित्व ह, एहसे सभे पक्षके बीच सहकार्य जरूरी बा, गिरी बतवले।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............