वीरगञ्ज । निजी तथा आवासीय विद्यालय अर्गनाइजेसन नेपाल (PABSON) वीरगञ्ज, पर्सा जिल्ला समिति आ नगर समितिके संयुक्त आयोजन में ग्रुप डिभिजन कार्यक्रम आज वीरगञ्ज स्थित एस.आर. ग्यालेक्सी स्कूल के सम्मेलन सभागार में सम्पन्न भइल।
आयोजक के अनुसार, कार्यक्रम में वीरगञ्ज महानगर क्षेत्रका ३२ विद्यालय के सहभागिता रही। क्विज प्रतियोगिता में सहभागी विद्यालयन के विभिन्न समूह में विभाजन कइल गइल, जवना में प्रत्येक समूह में निर्धारित विद्यालयन के राखल गइल बा।
प्रतियोगिता दु वर्ग—जुनियर आ सीनियर में आयोजना कइल गइल बा। जुनियर वर्ग में कक्षा ३ से ६ आ सीनियर वर्ग में कक्षा ७ से १० तक के विद्यार्थी सहभागी होइहें। प्रतियोगितामार्फत विद्यार्थी के सामान्य ज्ञान, आत्मविश्वास, नेतृत्व क्षमता आ टीम भावना विकास करे पर विशेष जोड दिइल गइल बा।
कार्यक्रम में PABSON वीरगञ्ज नगर अध्यक्ष राहुल श्रीवास्तव आ पर्सा जिल्ला अध्यक्ष सरोज चौधरीलगायत के उपस्थिति रहल। कार्यक्रम के सञ्चालन आलोक कइले रहलें, जबकि अशोक सांगौला सूचना के भूमिका निर्वाह कइले रहलें।
प्रतियोगिता के खातिर सहभागी विद्यालयन के विभिन्न समूह में बाँटल गइल बा।
ग्रुप ‘ए’ में गोल्डेन फ्यूचर, फुरकान, मिनी ल्यान्ड, अल्पाइन, आदर्श, गौतम आ बीपीएस स्कूल रहल बा।
ग्रुप ‘बी’ में ज्ञानदा, सेन्ट जेभियर्स, मस्कट, सिद्धार्थ आ ओम नेशनल स्कूल के राखल गइल बा।
ग्रुप ‘सी’ में साउथ जोन, सुफा आ लिटिल फ्लावर स्कूल सहभागी रहल बा।
एहितरे ग्रुप ‘डी’ में रोयल एकेडेमी स्कूल तथा ग्रुप ‘ई’ में विद्यासदन, ज्ञान ज्योति आ मूनलाइट स्कूल रहल बा।
एस.आर. ग्यालेक्सी, डीएभी, मालिनी, लिटिल एन्जेल, न्यू वेभ, गुरुकुल आ सफल स्कूललगायत अन्य विद्यालयन के समेत प्रतियोगिता मे सहभागिता रहल आयोजक जनवले बा।
आयोजक के अनुसार, क्विज प्रतियोगिता के मुख्य उद्देश्य विद्यार्थी के सामान्य ज्ञान बढावे, आत्मविश्वास विकास करे, समूहगत भावना मजबुत बनावे आ स्वस्थ प्रतिस्पर्धाको संस्कार विकास करेके रहल बा। प्रतियोगिता विद्यार्थी के आपन ज्ञान, क्षमता आ प्रतिभा प्रस्तुत करेके महत्वपूर्ण अवसर प्रदान करी कहके विश्वास आयोजकन के बा।

