वीरगञ्ज । ‘युवा शक्ति–राष्ट्र शक्ति’ के नारा के साथ वीरगञ्ज स्थित डीएवी आर.बी. केडिया स्कूल में नेत्रदान के संबंध में जागरूकता कार्यक्रम सम्पन्न भइल। ‘नेत्रदान–एक वरदान’ के मुख्य संदेश के साथ ई कार्यक्रम ‘दृष्टिविहीन खातिर दृष्टि–२.०’ अभियान के तहत आयोजित कइल गइल।
तेरापन्थ युवक परिषद् वीरगञ्ज आ लायन्स क्लब अफ वीरगञ्ज संस्कृति गोल्ड के समन्वय में आयोजित कार्यक्रम में नेत्रदान के महत्व, जरूरत आ नेत्रदान से जुड़ल जनचेतना के बारे में जानकारी दिहल गइल।
कार्यक्रम में तेरापन्थ युवक परिषद् वीरगञ्ज के अध्यक्ष सुनील दुगर, नेत्रदान इन्टरनेसनल के सह–प्रभारी लोकेश जैन, नेत्रदान संयोजक सौरभ जैन आ पंकज बैद, तेरापन्थ युवक परिषद् के सदस्य आशिष चोरडिया आ नेत्र परीक्षण अधिकृत हरिकान्त शाह सहित कई लोग के सहभागिता रहल।
कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि लायन्स डिस्ट्रिक्ट गभर्नर लायन रामबिहारी पाण्डे आ विशिष्ट अतिथि पीएमसीसी तथा मल्टिपल संयोजक लायन रमेश अग्रवाल रहलें। कार्यक्रम के अध्यक्षता लायन्स क्लब अफ वीरगञ्ज संस्कृति गोल्ड के अध्यक्ष खुश्बु अग्रवाल कइली।
कार्यक्रम में डीएवी आर.बी. केडिया स्कूल के प्रधानाध्यापक राकेश मिश्रा आ उपप्रधानाध्यापक प्रदीप के भी उपस्थिति रहल।
एह मौका पर वक्ता लोग कहलें कि मृत्यु के बाद आँख के नानी दान करके दृष्टिविहीन व्यक्ति के जिनगी में दृष्टि के उजियारा दिहल जा सकेला। समाज में नेत्रदान के लेके रहल भ्रम आ हिचकिचाहट के दूर करके एकरा के मानव सेवा के महत्वपूर्ण काम के रूप में विकसित करे पर जोर दिहल गइल।
कार्यक्रम में लायन्स क्लब अफ वीरगञ्ज संस्कृति गोल्ड के सदस्य लायन कविता अग्रवाल, लायन रञ्जना टेकरीवाल, लायन सोनी अग्रवाल, लायन आयुषी तुल्स्यान आ लायन नितु चौरसिया सहित कई सदस्य लोग के सहभागिता रहल। कार्यक्रम के दौरान ५ जना लोग आँख दान करे खातिर आवेदन फारम लेके एह महान सामाजिक काम में सहयोग करे के प्रतिबद्धता जनवलें।
‘दृष्टिविहीन खातिर दृष्टि–२.०’ अभियान के माध्यम से युवाजन के नेत्रदान खातिर प्रेरित करे आ समाज में ‘नेत्रदान–एक वरदान’ के संदेश फैलावे के उद्देश्य रहल, आयोजक लोग बतवलें।

