वीरगञ्ज । वीरगञ्ज भन्सार कार्यालय चालू आर्थिक वर्ष के भादो महीना में २३ अरब ४६ करोड से बेसी राजस्व संकलन कइले बा। भन्सार कार्यालय से जारी अद्यावधिक तथ्यांक के अनुसार भादो ३१ गते तक एक महीना में २३ अरब ४६ करोड १५ लाख रुपइया राजस्व संकलन भइल बा।
ई संकलन कार्यालय के भदौ महीना खातिर दिहल गइल मासिक लक्ष्य के ९९.७५ प्रतिशत ह। भादो महीना में भइल अच्छा राजस्व संकलन के साथे चालू आर्थिक वर्ष के कुल वार्षिक राजस्व लक्ष्य के १४.५२ प्रतिशत प्रगति हासिल भइल बा। वीरगञ्ज भन्सार कार्यालय के प्रमुख भन्सार प्रशासक कृष्णप्रसाद मैनाली ई जानकारी देले बानी।
मूल्य आ राजस्व योगदान के हिसाब से बिस्कुट, दलहन, कपड़ा आ लत्ताकपड़ा, औद्योगिक कच्चा पदार्थ आ खाद्यान्न प्रमुख आयातित वस्तु रहल बा। भादो महीना में खाली बिस्कुट के आयात से करीब १ अरब ७८ करोड रुपइया आ अलग-अलग किसिम के दलहन के आयात से १ अरब ४६ करोड रुपइया राजस्व संकलन भइल बा।
आर्थिक वर्ष के सुरुआती महीना में आयात–निर्यात व्यापार के प्रवृत्ति देखला पर भन्सार कार्यालय राजस्व असुली के लक्ष्य के काफी नजदीक ले आवे में सफल भइल देखात बा।
भादो ३१ गते एके दिन में ४४ करोड ७२ लाख ५० हजार रुपइया राजस्व संकलन भइल। ओह दिन ५८ करोड २४ लाख रुपइया दैनिक राजस्व संकलन के लक्ष्य राखल गइल रहे। एह में ७६.७९ प्रतिशत प्रगति हासिल भइल।
भन्सार कार्यालय के अनुसार, ओह दिन जाँचपास भइल प्रमुख २० वस्तु से मात्र ४१ करोड ८३ लाख रुपइया राजस्व संकलन भइल।

