वीरगन्ज। वीरगंज से प्रकाशित होखे वाला ‘देश मधेश’ साप्ताहिक पत्रिका के शुक् एगो समारोह के बीच विमोचन कइल गइल। गहवामाई मंदिर परिसर में आयोजित कार्यक्रम में ज्योतिष सम्राट पंडित पुरुषोत्तम दुबे मंत्रोच्चारण आ पूजापाठ क के पत्रिका के विमोचन कार्यक्रम के शुभारम्भ कइलें।
पत्रिका के प्रकाशक अभिलाश गुप्ता के अध्यक्षता में आयोजित समारोह में प्याब्सन पर्सा के अध्यक्ष सरोज प्रसाद चौधरी ‘देश मधेश’ साप्ताहिक के औपचारिक विमोचन कइलें।
कार्यक्रम में नेपाल इनोभेटिभ सोसाइटी के संस्थापक अध्यक्ष कमल चौगाई, नेपाल पत्रकार महासंघ मधेश प्रदेश के सदस्य अजय साह, क्रियाशील युवा पत्रकार मंच के अध्यक्ष आनन्द पटेल आ उपाध्यक्ष वीरेन्द्र साह भी पत्रिका के विमोचन कइलें।
कार्यक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि चौधरी वीरगंज से प्रकाशन शुरू कइले ‘देश मधेश’ साप्ताहिक के सफलता के शुभकामना देत कहलें कि गहवामाई मंदिर परिसर जइसन पवित्र धार्मिक स्थल से पत्रिका के विमोचन होखल सकारात्मक आ प्रेरणादायी बात बा।
“होटल में तड़क-भड़क के साथ होखे वाला विमोचन से पवित्र मंदिर परिसर से पत्रिका के शुभारम्भ कइल ऐतिहासिक आ प्रेरणादायी काम ह,” चौधरी कहलें। ऊ कहलें कि देश आ समाज के विकास खातिर पत्रिका लगातार कलम चलावत समाज में देखल जा रहल विकृति, विसंगति आ बेथिति के खिलाफ आवाज उठाई।
वीरगंज के सक्रिय पत्रकारन के टीम से सञ्चालन में आइल ई पत्रिका पाठकन के मन जीते के साथे सत्य–तथ्य समाचार सम्प्रेषण के माध्यम से समाज के सुसूचित करे में महत्वपूर्ण भूमिका निभाई, चौधरी बतवलें।
एहिसे हि नेपाल इनोभेटिभ सोसाइटी के संस्थापक अध्यक्ष कमल चौगाई युवा पत्रकारन के सक्रियता में प्रकाशन में आइल ‘देश मधेश’ साप्ताहिक के उत्तरोत्तर प्रगति के शुभकामना देत कहलें कि पत्रिका आवाजविहीन लोगन के आवाज बन के पाठकन के विश्वास जीते, ई अपेक्षा बा।
पंडित पुरुषोत्तम दुबे अनन्त चतुर्दशी के अवसर पर शुभारम्भ भइल पत्रिका देश आ समाज के पक्ष में निरन्तर कलम चलावे के विश्वास व्यक्त कइलें। शुभ दिन में विमोचन भइल पत्रिका पत्रकारिता के क्षेत्र में आपन अलग पहचान बनावे, ऊ बतवलें।
कार्यक्रम में युवा नेता अनिल पटेल, पत्रकार राकेश कुमार साह, सन्तोष कुशवाहा, आकाश राजभण्डारी, ओमप्रकाश सर्राफ, समाजसेवी धीरज साह लगायत के उपस्थिति रहल।

