वीरगन्ज। नेपाली कांग्रेस वीरगन्ज महानगरपालिका के २१वाँ विशेष नगरसभा में शामिल ना होखे खातिर अपना पार्टी से निर्वाचित जनप्रतिनिधि सभ के ह्वीप जारी कइले बा।
कांग्रेस पर्सा के सचिव दिनेश चौधरी मंगल के साँझ विज्ञप्ति जारी करत उपमेयर, वडाध्यक्ष, कार्यपालिका सदस्य आ वडा सदस्य सभ के बुध के होखे वाला विशेष नगरसभा में शामिल ना होखे के निर्देशन देले रहलें।
बाकिर कांग्रेस के बहिष्कार के आह्वान के बावजूद होटल पुजन में सुरू भइल नगरसभा में जरूरी बहुमत से अधिक सदस्य शामिल भइल बाड़ें। महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह के स्वकीय सचिव सत्यराज घिमिरे के मुताबिक, १५६ नगरसभा सदस्य में से १०२ जने अबले शामिल हो चुकल बाड़ें। उनकरा अनुसार सहभागी सदस्यन के संख्या अउरी बढ़ रहल बा।
नगरसभा में कांग्रेस से निर्वाचित कुछ जनप्रतिनिधि भी शामिल भइल बाड़ें।
मेयर राजेशमान सिंह निलम्बन में रहला के समय उपमेयर इम्तियाज आलम के नेतृत्व में महानगरपालिका के बजट तैयार कइल गइल रहे। विशेष अदालत से सफाइ मिलला के बाद पद पर वापस आइल मेयर सिंह उ बजट खारिज क के विशेष नगरसभा के माध्यम से बजट संशोधन करे के फैसला कइले रहलें।
ओही फैसला के आधार पर बुध के विशेष नगरसभा बोलावल गइल बा। मेयर सिंह बतवले बाड़ें कि विशेष नगरसभा के माध्यम से महानगरवासी के जरूरत आ हित के समेटत नया बजट तैयार कइल जाई।

