• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

गहवा माई मंदिर परिसर में ‘हमरा गहवा माईके’ भजन सार्वजनिक

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
October 7, 2026
A A
गहवा माई मंदिर परिसर में ‘हमरा गहवा माईके’ भजन सार्वजनिक
2
SHARES
12
VIEWS
Share on FacebookShare on Twitter

वीरगञ्ज। हर साल दशहरा के अवसर पर गहवा माई के समर्पित नया धार्मिक भजन सार्वजनिक कइल जाला। एह सालो गहवा माई के समर्पित नया भजन ‘हमरा गहवा माईके’ बुध के वीरगञ्ज स्थित प्रसिद्ध गहवा माई मंदिर के प्रांगण में एक कार्यक्रम के बीच सार्वजनिक कइल गइल।
तीर्थ विकास समिति के उपाध्यक्ष देवानन्द कलवार, सचिव लक्ष्मीनारायण गुप्ता (पप्पु गुप्ता), मंदिर के पुजारी लगायत के उपस्थिति में भजन सार्वजनिक कइल गइल। कार्यक्रम में सहभागी लोग कहल कि गहवा माई के समर्पित ई भजन धार्मिक आ सांस्कृतिक भावना के अउरी मजबूत करे में मदद करी।
दशहरा के अवसर पर सार्वजनिक कइल गइल एह भजन के सुन के माई के प्रति माया, स्नेह आ आशीर्वाद देवे खातिर आयोजक सभ भक्तजन आ शुभेच्छुक से आग्रह कइले बाड़न।
‘हमरा गहवा माईके’ भजन में चन्दन पण्डित आपन आवाज देले बाड़न, जबकि गौरव रोशन संगीत देले बाड़न। भजन के रचनाकार उमा लाल यादव हउवन। भजन के वीडियो में अन्नु मेहता, चन्दन पण्डित, अनिशा सिंह आ रजनिकान्त दुबे अभिनय कइले बाड़न।
एही तरह भजन के निर्माण नितेश मेहता आ राज सोनी कइले बाड़न, जबकि निर्देशन देशीब्वाय नवीन नेपाली कइले बाड़न। वीडियो के छायांकन (डीओपी) निखिल सन्तोष शाह, मेकअप मधु चौधरी आ रेकर्डिङ अटुट म्युजिक के रहल। भजन के डिजिटल व्यवस्थापन गोसाई मिडिया सोलुसन्स (वीरेन्द्र गिरी) कइले बा।
आयोजक के अनुसार, भजन के निर्माण में करीब १ लाख नेपाली रुपइया खर्च भइल बा। भजन के वीडियो के अधिकांश छायांकन गहवा माई मंदिर परिसर में ही कइल गइल बतावल गइल बा।
एनआर म्युजिक रेकर्डस् (NR Music Records) के प्रस्तुति में तैयार ई भजन धार्मिक आ पारिवारिक विषयवस्तु के प्राथमिकता देत बनावल गइल बा। आयोजक के कहल बा कि एनआर म्युजिक रेकर्डस् एहसे पहिले भी कई तरह के धार्मिक आ पारिवारिक भिडियो निर्माण करत आइल बा।
दशहरा के धार्मिक माहौल के साथे गहवा माई के प्रति श्रद्धा आ आस्था के समेटले ‘हमरा गहवा माईके’ भजन भक्तजन आ दर्शक–श्रोता के बीच प्रभावकारी बने के अपेक्षा कइल गइल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............